[the_ad_group id="30365"]

पंजाब : पीएम मोदी के सुरक्षा में चूक होखला पे बड़ कार्रवाई हो सकता, ए अधिकारीयन पे गिर सकेला गाज 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब : पीएम मोदी के सुरक्षा में चूक होखला पे बड़ कार्रवाई हो सकता, ए अधिकारीयन पे गिर सकेला गाज 

एहमें से कुछ अफसरन के डिमोशन करावल जा सकेला, रिटायर होखे वाला के, पेंशन कटऑफ आ अउरी रिटायरमेंट के सुविधा में कटौती हो सकेला. मौका पे मौजूद सभ ड्यूटी अधिकारी से लिखित सफाई भी मांगल गईल बा।

5 जनवरी 2022 के पंजाब सरकार प्रधानमंत्री के सुरक्षा में चूक के लेके केंद्र सरकार के ओर से मांगल गईल एक्शन टेक रिपोर्ट पे बहुत बड़ कार्रवाई कईले बिया। नियम के मुताबिक सीएम भगवान मान सुप्रीम कोर्ट के जांच रिपोर्ट में दोषी पावल गईल अधिकारी के खिलाफ गंभीर अनुशासनात्मक कार्रवाई करे के सिफारिश कईले बाड़े। एहमें से कुछ अफसरन के डिमोशन करावल जा सकेला, रिटायर होखे वाला के, पेंशन कटऑफ आ अउरी रिटायरमेंट के सुविधा में कटौती हो सकेला| मौका पे मौजूद सभ ड्यूटी अधिकारी से लिखित सफाई भी मांगल गईल बा।

 

का अधिकारियन के खिलाफ आरोप पत्र दायर कइल जाई?

एह आरोप पत्र में डीजीपी रहल एस चट्टोपाध्याय, आईजी इंदरबीर सिंह आ एसएसपी हरमनदीप हंस का खिलाफ दायर कइल जाई| पीएम मोदी के सुरक्षा में चूक के समय चट्टोपाध्याय राज्य के डीजीपी, इंदरबीर फिरोजपुर के डीआईजी अउरी हंस फिरोजपुर एसएसपी रहले। प्रधानमंत्री के यात्रा के दौरान ए सभ अधिकारी पे ड्यूटी के अवहेलना के भारी जुर्माना के आरोप लगावल जाई। मुख्य सचिव विजय कुमार सभ दोषी अधिकारी के आरोप पत्र के फाइल भेजले रहले। जवना में से मुख्यमंत्री कार्यालय महज तीन गो आईपीएस अधिकारी के चार्ज शीट के मंजूरी दे दिहलस|

 

अमृतपाल के खिलाफ कार्रवाई जारी बा

बता दीं कि फिलहाल पंजाब में बहुत उथल-पुथल बा। इहाँ वारिस पंजाब दे के मुखिया अमृतपाल सिंह के खिलाफ पुलिस के ओर से कड़ा कार्रवाई कईल जाता। ए मामला में अमृतपाल के बहुत करीबी दोस्त के पुलिस हिरासत में लेले बिया। दूसर ओर लगातार खालिस्तान के मांग करेवाला अमृतपाल सिंह फिलहाल फरार बाड़े। कुछ लोग के कहनाम बा कि अमृतपाल के पुलिस गिरफ्तार क लेले बा, लेकिन पुलिस अधिकारी के मुताबिक अभी तक अमृतपाल के पकड़ल नईखे गईल। एकरा संगे अमृतपाल के तार पाकिस्तान से भी जुड़ल शुरू हो गईल बा।

साभार- india TV

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]