[the_ad_group id="30365"]

सांसद रवि किशन कहले , 28 मार्च तक नाया एयरपोर्ट टर्मिनल यात्रीयन खातीर खुल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सांसद रवि किशन कहले , 28 मार्च तक नाया एयरपोर्ट टर्मिनल यात्रीयन खातीर खुल जाई

 

 

तीन महीना पहिले तइयार गोरखपुर के नया हवाई अड्डा टर्मिनल 28 मार्च ले यात्रियन खातिर खोल दिहल जाई| ई जानकारी सांसद रवि किशन नागरिक सुरक्षा उड्डयन ब्यूरो के महानिदेशक से भेंट कइला के बाद दिहले बाड़न |

गोरखपुर :गोरखपुर के सांसद रवि किशन बतवले बाड़न कि तीन महीना पहिले तइयार भइल हवाई अड्डा के नया टर्मिनल 28 मार्च ले यात्रियन खातिर खोल दिहल जाई | एकरा के खोले के मंजूरी 28 तारीख तक नागरिक सुरक्षा विमानन ब्यूरो से निश्चित रूप से मिल जाई। सांसद बतवले कि बैठक के दौरान उनुका के नागरिक विमानन ब्यूरो के महानिदेशक के ओर से एकरा बारे में भरोसा दिहल गईल।

रेस्टोरेंट आ खरीदारी के भी मजा लेबे के मौका मिली

सांसद कहले कि नयका टर्मिनल में खरीदारी खातीर रेस्टोरेंट अउरी दोकान के उपलब्धता होई। नयका टर्मिनल में 500 यात्री एक संगे बईठ के अपना उड़ान के इंतजार क सकेले। फिलहाल एक बेर में मात्र 200 यात्री चेक इन क सकतारे। सांसद कहले कि टर्मिनल में ऑटोमैटिक सीढ़ी, टिकट काउंटर, चेक इन काउंटर के संगे-संगे कैफेटेरिया अउरी एटीएम भी लगावल जाई।

 

11 करोड़ खर्च करके टर्मिनल पूरा हो गइल

आगमन हॉल में दू गो बैगेज बेल्ट लगावल गइल बा| एह टर्मिनल के निर्माण में 11 करोड़ रुपिया खरच भइल बा| एकरा खातिर सांसद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह अउरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के धन्यवाद देले बाड़े।

 

दुर्लभ कला के बचावे खातिर पांच लाख दिहल जाई

दुर्लभ आ लुप्त होखत कला, संगीत, शिल्प, लोक नृत्य आदि के संरक्षण आ प्रचार खातिर सरकार एगो नया योजना बनवले बिया| एकरा मुताबिक अबकी बेर अयीसन करेवाला लोग चाहे समूह के प्रोत्साहित करे के होई। उनुका के पांच लाख रुपया के एकमुश्त राशि देवे के बा, जवना से उ कला के संरक्षण के संगे-संगे फेर से जिंदा होखे के सुनिश्चित करीहे। क्षेत्रीय पर्यटन अधिकारी रविन्द्र कुमार मिश्रा बतवले कि एह योजना के केंद्र राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय महत्व के मशहूर पर्यटन स्थल के आसपास 50 किलोमीटर के त्रिज्या में आवे वाली दुर्लभ कला पे बा। योजना के लागू करे खातीर सरकार पर्यटन विभाग से अयीसन लोक कला के सूची मंगले बिया, जवना के संरक्षण अउरी प्रचार के जरूरत बा।

साभार- जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]