[the_ad_group id="30365"]

बिहार विधान सभा के कार्यवाही 11 बजे से सुरू होई : सदन में पेश होई सीएजी रिपोर्ट, लोक लेखा समिति आ जेंडर बजटो पेश होई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार विधानसभा के कार्यवाही अब खाली तीन दिन चली। कार्यवाही के दौरान आज अल्पसूचित एवं तारांकित प्रश्न आ ओकनी के उत्तर से सुरू होई। सदन में आज के दिन बड़ होई। सरकार सीएजी रिपोर्ट सदन के पटल पs रखी।

वित्त विभाग के प्रभारी मंत्री बिहार राजकोषीय उत्तरदायित्व आ बजट प्रबंधन अधिनियम 2006 के अंर्तगत वित्तीय वर्ष 2024-25 के परिणाम बजट, बाल कल्याण बजट, जेन्डर बजट आ हरित बजट पुस्तिकन के एक-एक प्रति मेज पs रखिहें।

संसदीय कार्य के प्रभारी मंत्री प्रस्ताव रखिहें 

संसदीय कार्य विभाग के प्रभारी मंत्री प्रस्ताव करिहें कि “ई सदन बिहार विधान सभा के लोक लेखा समिति, प्राक्कलन समिति आ सरकारी उपक्रमन संबंधी समिति के गठन 01 अप्रैल, 2024 से सप्तदश बिहार विधान सभा के कार्यकाल तक खातिर बिहार विधान सभा के प्रक्रिया आउर कार्य संचालन नियमावली के नियम क्रमश: 237(1), 240 (1) एवं 241(1) के परन्तुक के तहत निर्वाचन प्रक्रिया के शिथिल कर अध्यक्ष, बिहार विधान सभा उन समितियों के सदस्यन के मनोनयन के प्रस्ताव रखिहें।

विधान परिषद् सदस्यन के नाम सदन में बतइहें 

सदन के 01 अप्रैल, 2024 से सप्तदश बिहार विधान सभा के कार्यकाल तक खातिर गठन कइल जाये वाला क्रमशः लोक लेखा समिति, प्राक्कलन समिति आ सरकारी उपक्रमन संबंधी समिति के सह सदस्यन खातिर बिहार विधान परिषद् से क्रमशः चार, छः आ तीन सदस्यन के मनोनीत करे खातिर लिए सहमत होखे आ बिहार विधान परिषद् सदस्यन के नाम सदन में बतइहें।

सरकार के जवाबो सामने आइल 

बिहार विधान सभा के समितियन के प्रतिवेदनन के सभा के सोझा रखल जाई। ओहिजा, ध्यानाकर्षण सूचना आ ओकरा पs सरकारी जवाब सामने आइल। एमएलए अजय कुमार सिंह, विजय शंकर दूबे आ आउर पांच सदस्य से प्राप्त ध्यानाकर्षण सूचना पs सरकार के जवाब सामने आई।

ई सब सवाल जवाब ऊर्जा विभाग से जुड़ल होई। एमएलए शालिनी मिश्रा, मीना कुमारी आ शीला कुमारी से प्राप्त ध्यानाकर्षण सूचना बा। एह पs सरकार के जवाब आई। परिवहन विभाग से जुड़ल सवाल के जवाब प्रभारी मंत्री दिहें। भाई वीरेन्द्र, गोपाल रविदास आ राजेश कुमार सिंह खान आउर भूतत्व विभाग के ओर से सवाल पूछी लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]