Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ: सीएम के फ्लीट के सामने आइल कुत्ता, अनियंत्रित बोलेरो कई गो गाड़ियन से लड़ल, दर्जन लोग भइल जख्मी

339

लखनऊ के अर्जुनगंज इलाका में सीएम योगी के फ्लीट के एगो बोलेरो अनियंत्रित हो गइल। अनियंत्रित होके उऽ कई गाड़ियन से लड़ल । ए हादसा में कई गो पुलिसकर्मी आ कई हो आमो आदमी घायल हो गइल बा। घायलन के शहर के अलग-अलग अस्पतालन में ले जाइल गइल बा।। मौके पऽ पुलिस कमिश्नर-डीएम सहित वरिष्ठ अधिकारी पहुंचले। प्रमुख सचिव ग्रह संजय प्रसाद आ पुलिस कमिश्नर, डीजीपी प्रशांत कुमार मौके पऽ रहलें मौजूद।

पुलिस वालन के अलावा आम लोगो ए घटना में घायल भइल बा। ए घटना में घायल लोगन में सात गो लोग के ट्रामा सेंटर भेजल गइल तऽ छव गो घायल लोहिया अस्पताल भेजल गइले।

कुछ पुलिस वालन के गंभीर चोट आइल बा।

748650cookie-checkलखनऊ: सीएम के फ्लीट के सामने आइल कुत्ता, अनियंत्रित बोलेरो कई गो गाड़ियन से लड़ल, दर्जन लोग भइल जख्मी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.