[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ: सीएम के फ्लीट के सामने आइल कुत्ता, अनियंत्रित बोलेरो कई गो गाड़ियन से लड़ल, दर्जन लोग भइल जख्मी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ के अर्जुनगंज इलाका में सीएम योगी के फ्लीट के एगो बोलेरो अनियंत्रित हो गइल। अनियंत्रित होके उऽ कई गाड़ियन से लड़ल । ए हादसा में कई गो पुलिसकर्मी आ कई हो आमो आदमी घायल हो गइल बा। घायलन के शहर के अलग-अलग अस्पतालन में ले जाइल गइल बा।। मौके पऽ पुलिस कमिश्नर-डीएम सहित वरिष्ठ अधिकारी पहुंचले। प्रमुख सचिव ग्रह संजय प्रसाद आ पुलिस कमिश्नर, डीजीपी प्रशांत कुमार मौके पऽ रहलें मौजूद।

पुलिस वालन के अलावा आम लोगो ए घटना में घायल भइल बा। ए घटना में घायल लोगन में सात गो लोग के ट्रामा सेंटर भेजल गइल तऽ छव गो घायल लोहिया अस्पताल भेजल गइले।

कुछ पुलिस वालन के गंभीर चोट आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]