[the_ad_group id="30365"]

Pro Kabaddi League 2024: पुनेरी पल्टन प्रो-कबड्डी चैंपियन, ग्रैंड फिनाले में हरियाणा स्टीलर्स के 28-25 अंक से हरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Pro Kabaddi League 2024: प्रो कबड्डी लीग (पीकेएल) 2024 के ग्रैंड फिनाले सुक के हैदराबाद में जीएमसी बालयोगी स्पोर्ट्स कांप्लेक्स में भइल। ग्रैंड फिनाले में पुनेरी पल्टन जीत हासिल कs लीग के इतिहास में चैंपियन बने वाली सातवीं टीम बन गइल। हैदराबाद में भइल फाइनल में पुनेरी पल्टन हरियाणा स्टीलर्स के 28-25 से हराके ट्राफी पs कब्जा जमा लेलस।

पुनेरी पल्टन पुणे के ओर से पंकज मोहिते सबसे बड़ स्टार खिलाड़ी रहले। ऊ नौ रियाद अंक जुटवलें। दूसरका ओर हरियाणा खेल में कवनो समय पुणे से आगे ना निकल पाइल उनकर सर्वश्रेष्ठ खिलाड़ी शिवम पटारे रहलें, जिनका छव अंक मिलल।

फाइनल हारके अगिला सीजन जीते वाली तीसरका टीम

पुनेरी पल्टन ए जीत के संगही एगो आउर इतिहास कायम कइलस। ऊ यू मुंबा आ दबंग दिल्ली के चैंपियन टीमन के तरे तीसरका टीम बन गइल जवन पिछला सीजन के फाइनल हारला के बाद अगिला सीजन में जीत दर्ज कइले होखे। पुनेरी पल्टन, यू मुंबा आ दबंग दिल्ली के तरे आपन पिछला सीजन के फाइनल हारल आ अगिला सीजन में चैंपियन बन गइल। पल्टन 2022-23 के फाइनल में जयपुर पिंक पैंथर्स से हार गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]