[the_ad_group id="30365"]

IND vs PAK: न्यूयॉर्क में भारत-पाक क्रिकेट मैच पऽ आतंकी हमला के साया, ISIS देलस धमकी; बढ़ावल गइल सुरक्षा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

न्यूयॉर्क में खेले जाए वाला भारत-पाक (IND vs PAK) के हाई-वोल्टेज मैच से पहिले एगो बड़ खबर सामने आइल बा। अफगानिस्तान आ पाकिस्तान में सक्रिय आतंकी संगठन आईएसआईएस- खुरासन (ISIS-K) भारत-पाक मैच में हमका के खुला धमकी दे देले बा। ई आतंकी संगठन एगो वीडियो जारी कऽ के स्वतंत्र हमलावरन से एह काम के अंजाम देवे के कहले बा।

क्रिकेट के मैदान पs जब भारत (IND) आ पाकिस्तान (PAK) के टीम आमने-सामने होले, तऽ एगो हाई-वोल्टेज मोकाबला फैंस के देखे के मिलेला। फैंस के बस एह पल के इंतजार रहेला कि कब दुनु टीम के बीच क्रिकेट मैदान पs जंग होखे। टी20 विश्व कप 2024 में दुनु टीम 9 जून के एक-दूसरा से भिड़त नजर आई।

न्यूयॉर्क में खेले जाए वाला भारत-पाक (IND vs PAK) के हाई-वोल्टेज मैच से पहिले एगो बड़ खबर सामने आइल बा। अफगानिस्तान आ पाकिस्तान में सक्रिय आतंकी संगठन आईएसआईएस- खुरासन (ISIS-K) भारत-पाक मैच में हमका के खुला धमकी दे देले बा। ई आतंकी संगठन एगो वीडियो जारी कऽ के स्वतंत्र हमलावरन से एह काम के अंजाम देवे के कहले बा।हालांकि, एह धमकी भरल वीडियो के बाद आईसीसी (ICC) चुप्पी तुड़लस आ कहलस कि भारत-पाक मैच खातिर उऽ आपन सुरक्षा बढ़ा देले बा।

IND vs PAK मैच पऽ आतंक के साया, ISIS देलस धमकी

दरअसल, 9 जून के न्यूयॉर्क के नसाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेले जाए वाला भारत-पाकिस्तान के मैच के लेके अमेरिका सुरक्षा बढ़ा देले बा। डेली मैल के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, ISIS के एगो संगठन भारत-पाक मैच पs आतंकी हमला की धमकी देले बा। एह कड़ी में CWI’S चीफ एक्स्यूटिक ऑफिसर जॉनी ग्रैवस कहले कि नीमन से पूरा जांच हो चुकल बा, तऽ अइसे में प्लेयर्स आ फैंस खातिर एह मैच खातिर कवनो रिस्क नइखे। हमनीं के टीम लगातार निगरानी बनवले बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]