[the_ad_group id="30365"]

कबड्डी प्रतियोगिता के फाइनल में चेरो गहिला के हरवलस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: ग्राम पंचायत गहिला में टाइगर स्पोर्टिंग क्लब गहिला के तरफ से मंगर के क्षेत्रीय कबड्डी प्रतियोगिता के आयोजन कइल गइल। जवना के फाइनल मुकाबला गहिला आ चेरो के बीच खेलल गइल। एह मैच के मुख्य अतिथि अभिषेक कुशवाहा ‘शिंटू’ आ विशिष्ठ अतिथि शिक्षक रामसमुज यादव रहलें।

फाइनल मुक़ाबला गहिला आ चेरो के बीच खेला गइल। जवना के पहिला हाफ में चेरो 34–26 से आगे रहल। दूसरको हाफ में चेरो के खेलाड़ी सानदार प्रदर्शन करत गहिला के 62–43 के अंतर से पराजित कs के ट्रॉफी पs कब्जा कइलस। मैच रेफरी नेशनल खिलाड़ी आशिफ अंसारी आ गोविन्द यादव रहल लो।कमेंट्री रामसमुज यादव आ धीरज कुशवाहा कइल लो आ मैच के आयोजक आशिफ रहलें। सर्वश्रेष्ठ रेडर के पुरस्कर डीएम यादव आ मुख्य डिफेंडर सलमान खान रहलें।

समाजसेवी अभिषेक कुशवाहा कहलें कि कबड्डी से हमनी के देह के मांसपेशी आ हड्डी तs मजबूत होखबे करेला। एसे हमनी के देह में एक तरे के सक्रिय ऊर्जा मिलेला। ग्रामीण क्षेत्र के भीतर छुपल प्रतिभा के निखारे खातिर एह तरे के प्रतियोगिता होत रहे के चाहीं।

एह दौरान राकेश यादव, राजन यादव, जयनारायण, सुल्तान यादव, विवेक सिंह, गोलू यादव, रामसकल कुशवाहा, श्रवण गुप्ता, रानू यादव, चंदन यादव, किशन आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]