[the_ad_group id="30365"]

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: बिहार के देहरी पs अकाल, 10 दिन में खाली दु मिलीमीटर भइल बरखा, आगहु उम्मेद कम। बरखा के ना होखला सर प्रदेश के किसानन के सांस अटकल बा आ सरकार चिंता में बिया।
  2. बिहार: बीपीएसी पेपर लीक ममिला- पूछताछ के बाद डीएसपी रंजीत रजक गिरफ्तार भेजल गइले जेल। निगरानी के विशेष अदालत में पेश कइला के बाद न्यायिक हिरासत में जेल भेजल गइल।
  3. उत्तर प्रदेश: बुलडोजर एक्शन पs आज सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई, योगी सरकार दे चुकल बिया जबाब, कहलस- कानूनी प्रक्रिया के तहत भइल बा कार्रवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: UPPSC मेंस रिजल्ट 2021 के रिजल्ट जारी, 623 पद खातिर 1285 अभ्यर्थियन के इंटरव्यू खातिर भइल चयन।
  5. झारखंड: धनबाद में निर्माणाधीन अंडरपास में माटी के ढ़ेर ढहला से 4 लोग के मौत, रेलवेलाइन के नीचे जेसीबी से मलबा हटावे के चलत रहे काम।
  6. राष्ट्रपति चुनाव में एनडीए उम्मीदवार के समर्थन के शिवसेना प्रमुख उद्धव ठाकरे के ऐलान।
  7. झारखंड के देवघर में एयरपोर्ट के उद्धघाटन, बंगाल आ बिहारो के मिली फायदा।
  8. संसद भवन में अशोक स्तंभ पs विवाद, विपक्ष के आरोप, शेर के आक्रमण दिखावल गइल।
  9. 2023 में भारत के आबादी चीन से जादे हो जाई, UN के दावा- एह साल 15 नवंबर के वैश्विक जनसंख्या 8 अरब हो जाई।
  10. 48 साल बाद टीम इंडिया रचलस इतिहास: पहिला बेर इंग्लैंड के 10 विकेट से हरवलस, बुमराह के 6 विकेट आ रोहित-धवन के बैट के कमाल से इंग्लैंड ढ़ेर।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]