[the_ad_group id="30365"]

आज जारी होई प्रैक्टिकल परीक्षा के तिथि : छपरा में स्नातक के आनर्स विषयन के होई प्रायोगिक परीक्षा, तइयारी पूरा 

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी यूनिवर्सिटी के स्नातक सत्र 2022- 25 के आनर्स विषय के परीक्षा खत्म होखला के बाद विश्वविद्यालय प्रैक्टिकल परीक्षा के तइयारी में जुट गइल बा। जवना के लेकर आज प्रायोगिक परीक्षा के शेडयूल जारी कइल जाई। परीक्षा केंद्रन पs प्रायोगिक परीक्षा आयोजित होखे के बा। जवना के लेके सब केंद्राधीक्षक आ कॉलेज के प्रिंसपल के पत्र जारी कs दिहल गइल बा। आज से प्रायोगिक परीक्षा खातिर सामाग्री के वित्तरण सुरू कs दिहल जाई। केंद्राधीक्षक के अपना कॉलेज प्रतिनिधि के भेजके प्रायोगिक परीक्षा सामग्री लेवे के होई। जवना सही समय पs परीक्षा आयोजित कइल जा सके।

प्रयोगशाला के निरीक्षण कइल जाई

विश्वविद्यालय कावर से प्रैक्टिकल परीक्षा से पहिले सम्बंधित केंद्रन पs प्रयोगशाला बेवस्थित करे के निरदेस दिहल गइल बा। साल 2022 में सब कॉलेजन के प्रयोगशाला के बेवस्थित करे खातिर एक-एक लाख के राशि स्वीकृत कइल गइल रहे। राजेन्द्र कॉलेज, पीसी विज्ञान कॉलेज, जय प्रकाश महिला कॉलेज आदि में प्रयोगशाला के बेवस्थित कs लिहल गइल बा। प्रायोगिक परीक्षा के तइयारी के लेके विश्वविद्यालय के वरीय अधिकारियन के ओर से कॉलेज के प्रयोगशाला के निरीक्षण कइल जाई। जवना से आवंटित राशि से संबंधित बेवस्थित प्रयोगशाला के देखल जा सके।

एह कॉलेजन में लिहल जाई परीक्षा

विज्ञान विषय के अंतर्गत भौतिकी, रसायन शास्त्र, बॉटनी, जूलॉजी आ आइएफएफ के प्रायोगिक आ वायवा परीक्षा के संचालन होई। ओहिजा कला में मनोविज्ञान, भूगोल, होम साइंस, अंग्रेजी आ संगीत विषय के प्रायोगिक परीक्षा आ वायवा आयोजित कइल जाई। राजेंद्र कॉलेज, रामजयपाल कॉलेज, जगदम कॉलेज, गंगा सिंह कॉलेज, पीसी विज्ञान कॉलेज, पीएन कॉलेज, परसा, जेपीएम कॉलेज, छपरा, वाइएन कॉलेज, दिघवारा, जगलाल चौधरी कॉलेज, छपरा, पीआर कॉलेज, सोनपुर परीक्षा केंद्रन पs परीक्षा होखे के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]