Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Board Result 2024: बिहार इंटर बोर्ड परीक्षा के कापियन के जांच पूरा भइल, 12वीं के रिजल्ट के घोषणा एही महीना संभव

567

Bihar Board Result 2024: बिहार बोर्ड द्वारा इंटर एग्जाम के आयोजन के बाद कॉपियन के जांच के काम पूरा कर लिहल गइल बा। बोर्ड इंटर के प्रोविजिनल आंसर-के हालहीं में जारी करत एपर आपत्तियन के 5 मार्च तक आमंत्रित कइले बा। आपत्तियन के समीक्षा के आधार पऽ फाइनल आंसर-के आउर नतीजा (BSEB Bihar Board Class 12th Result 2024) तइयार कइल जाई।

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति (BSEB) के ओर से 1 फरवरी से 12 फरवरी 2024 तक आयोजित 2023-24 के इंटर परीक्षा में सामिल भइल लाखन छात्र-छात्रा लो के अब परीक्षाफल के इंतजार बा। बिहार बोर्ड के ओर से परिणाम (BSEB Bihar Board Class 12th Result 2024) घोषित करे के तिथि के ऐलान नइखे कइले, बाकिर पीछिलका बरिस बोर्ड के ओर से नतीजन के घोषणा 21 मार्च के करे जाए के पैटर्न के देखत इहो साल मानल जा रहल बा कि समिति द्वारा परीक्षाफल मार्च के तीसरका सप्ताह में जारी कइल जा सकत बा।

Bihar Board Inter Class 12th Result 2024: कइसे आ कहाँ देखीं परिणाम?

बिहार बोर्ड के ओर से इंटर परीक्षा परिणाम (BSEB Bihar Board Class 12th Result 2024) घोषित करे के तिथि आ समय के जानकारी खातिर अधिसूचना जलदिए जारी कइल जा सकत बा। एकरा अनुसार निर्धारित तिथि आ समय पऽ बोर्ड द्वारा प्रेस कॉन्फ्रेंस के आयोजन करके परिणाम औपचारिक तौर पऽ घोषित करे के जानकारी दिहल जाई। एकरा बाद परीक्षार्थियन के नतीजे देखे खातिर लिंक के रिजल्ट पोर्टल, results.biharboardonline.com पऽ उपलब्ध करावल जाई। ए लिंक के माध्यम से स्टूडेंट्स आपन रोल नंबर के भर के सबमिट करके परिणाम देख सकतऽ बाड़न।

जदि कवनो छात्र छात्रा लो के BSEB द्वारा आंसर- पऽ कवनो आपत्ति बा तऽ उऽ एकरा के मंगर, 5 मार्च तले ऑनलाइन दर्ज कर सकत बा। स्टूडेंट्स के आपत्तियन के समीक्षा के आधार पऽ फाइनल आंसर-के आ नतीजा तइयार कइल जाई।

756700cookie-checkBihar Board Result 2024: बिहार इंटर बोर्ड परीक्षा के कापियन के जांच पूरा भइल, 12वीं के रिजल्ट के घोषणा एही महीना संभव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.