[the_ad_group id="30365"]

11 से 3 बजे तक दूसरको दिन पावर कट: पश्चिमी क्षेत्र में 4 घंटा तक गुल रही बिजली, रेलवे ओवरब्रिज के गार्टर लांचिंग के चल रहल बा काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा शहरी क्षेत्र के श्यामचक में बुध के दूसरको दिन चार घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। रेलवे ओवरब्रिज पs चल रहल इंजीनियरिंग कार्य के लेके ई पावर कट कइल जाये के बा। छपरा शहर के पश्चिमी हिस्सा चक ब्रह्मपुर में NH-331 पs दुगो रेलवे ट्रैक के पार करत रेलवे ओवरब्रिज के निर्माण काम चल रहल बा लो।

गार्टर लांचिंग के बेरा सुरक्षा के मद्देनजर निर्माण स्थल के आसपास के सारा बिजली आपूर्ति बाधित कइल जाई। ई पावर कट 11 बजे दुपहरिया से 3 बजे तक लागू रही। 3 बजे के बाद विद्युत आपूर्ति बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान बिजली विभाग सब केहू के बिजली संबंधित कार्य निपटा लेवे के सूचना जारी कइले बा। 11 बजे के पूर्व बिजली संबंधित सब तरे के काम निपटा लीं।

छपरा के पश्चिमी आ उत्तरी हिस्सा में छपरा मोहमदपुर मुख्य मार्ग पs रेलवे ओवरब्रिज के निर्माण कइल जा रहल बा। निर्माण काम में रेलवे लाइन के ऊपर गार्टर लांच कइल जाये के बा। ई ओवरब्रिज दु रेलवे लाइन के जोड़त बा। छपरा बलिया रेलखण्ड आ छपरा सीवान रेलखंड के ऊपरी हिस्सा पs काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके पावर कट कइल जाई।

दुनो रेलवे खण्ड के बीच आवे वाला मोहल्लन सहित आसपास के क्षेत्रन में 4 घंटा के पावर कट कइल जाई। एह दौरान श्यामचक, जगलाल चौधरी कॉलोनी, कारिंगा, ब्रह्मपुत्र सहित आसपास के मोहल्लन में बिजली बाधित रही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]