Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Neeraj Chopra: नीरज चोपड़ा के फेरु बाजल डंका, वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर खातिर भइले नॉमिनेट

नीरज चोपड़ा : भारत के स्टार जेवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा विश्व एथलीट ऑफ द ईयर बने से एक डेग दूर बाड़े। उनुका के एह पुरस्कार खातिर नामित कइल गइल बा जवना के एलान 11 दिसंबर के होखी। 

132

 

साल 2023 के विश्व एथलीट : भारत के जेवलिन थ्रोअर

नीरज चोपड़ा खातिर ई साल अबले बढ़िया रहल बा। विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप आ एशियन गेम्स में स्वर्ण पदक जीतला के बाद अब ऊ एगो अउरी रिकार्ड बनावे खातिर तइयार बाड़न। नीरज चोपड़ा के ‘वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर’ अवार्ड 2023 खातिर नामित कइल गइल बा। अबकी बेर दुनिया भर के 11 गो खिलाड़ियन के वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर अवार्ड खातिर नामांकित कइल गइल बा। बता दीं कि 11 दिसंबर के विश्व एथलेटिक्स के सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs विजेता के नाम के एलान कइल जाई।

वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर बने से एक कदम दूर 

25 बरीस के नीरज विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में स्वर्ण पदक जीते वाला पहिला भारतीय खिलाड़ी हउवें। अगस्त में हंगरी के बुडापेस्ट में खेलल गइल विश्व एथलेटिक्स चैम्पियनशिप में भी नीरज स्वर्ण पदक जीतले रहले। नीरज 88.88 मीटर के दूरी बना के स्वर्ण पदक जीतले। पिछला एशियन गेम्स में नीरज चोपड़ा स्वर्ण पदक भी जीत चुकल रहले।

प्रशंसक भी वोट क s सकेलें

वर्ल्ड एथलेटिक्स काउंसिल आ वर्ल्ड एथलेटिक्स परिवार ईमेल से आपन वोट दीहें जबकि प्रशंसक वर्ल्ड एथलेटिक्स सोशल मीडिया प्लेटफार्म के माध्यम से ऑनलाइन वोट कs सकेलें। हर नामांकित के अलग-अलग ग्राफिक्स एह हफ्ता फेसबुक, एक्स, इंस्टाग्राम आ यूट्यूब पs डालल जाई। फेसबुक, इंस्टाग्राम अवुरी यूट्यूब पs एक्स पs ‘लाइक’ चाहे रिट्वीट कईल वोट के रूप में गिनल जाई।

 

 

 

 

661570cookie-checkNeeraj Chopra: नीरज चोपड़ा के फेरु बाजल डंका, वर्ल्ड एथलीट ऑफ द ईयर खातिर भइले नॉमिनेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.