[the_ad_group id="30365"]

जयाप्रदा के खोज रहल बिया पुलिस, कोर्ट 7वां बेर जारी कइलस वारंट 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामपुर एमपी- एमएलए कोर्ट में बॉलीवुड अभिनेत्री आ पूर्व सांसद के खिलाफ दू गो मामला चल रहल बा। एमे से एगो कैमरी में आ दूसरका केस थाना स्वार में चल रहल बा। ई दुनु मामला लोकसभा चुनाव 2019 में आचार संहिता के उल्लंघन से जुड़ल बा। अइसे अब पुलिस अभिनेत्री के खोज में मुंबई-दिल्ली जा पहुंचल बिया।

बॉलीवुड फिल्म स्टार जयाप्रदा के रामपुर पुलिस ढेर दिन से खोज रहल बिया। रामपुर के एमपी-एमएलए कोर्ट अभिनेत्री के खिलाफ गैर जमानती वारंट जारी कइले बा। ई 7वां बार हऽ, जब पुलिस एक्ट्रेस के खिलाफ वारंट जारी कइले बा, पुलिस उनका खोज में प्रदेश के अलावा आउर दोसरो इलाका में जा चुकल बिया, बाकिर अबहीं ले पुलिस के कवनो कामयाबी नइखे मिलल।

दुनु मामला लोकसभा चुनाव 2019 में आचार संहिता के उल्लंघन से जुड़ल बा। ए मुकदमा में अदालत में मामला अटकल बा, काहेंकि जयाप्रदा कोर्ट में पेश नइखी होत। उनका खिलाफ अब 7वां बार एनबीडब्लू (गैर जमानती) वारंट जारी कऽ चुकल बा। एकरा बावजूदो उऽ कोर्ट में हाजिर नइखी होत।

अब 27 फरवरी के होईं सुनवाई 

बाकिर बीतला कई महीना से पुलिस के एक्ट्रेस के लोकेशने पता नइखे चल पावत। अइसे में कोर्ट एक बार फेर से एनबीडब्ल्यू जारी कइले बा। अब ए मामला के अगला सुनवाई 27 फरवरी के होई।

जयाप्रदा पऽ लागल बा ई आरोप 

जयाप्रदा पऽ साल 2019 के लोकसभा चुनाव में आरोप लागल, जयाप्रदा बीजेपी की टिकट पऽ रामपुर सीट से चुनाव लड़त रहली।एही बीच उनका खिलाफ पहिलका मामला स्वार थाना में लिखाइल। जवना में आरोप बा कि उऽ आचार संहिता लागू भइला के बादो  नूरपुर गांव में सड़क के उद्धाटन कइली। एकरा अलावा दूसरका मामला केमरी थाने के हऽ, एमे आरोप बा कि जयाप्रदा पिपलिया मिश्र गांव में आयोजित जनसभा में आपत्तिजनक टिप्पणी कइले रहीं दुनु मामला में रामपुर के एमपी-एमएलए कोर्ट में सुनवाई चल रहल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]