[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: सीएम योगी देलें 175 करोड़ के विकास कार्यन के सौगात, बोलेलें- विकास से बढ़ी रोजगार के अवसर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ 175.38 करोड़ रुपिया के विकास कार्यन के सौगात देलें। ऊ जीडीए के 116 विकास परियोजनन के शिलान्यास आ लोकार्पण कइलें। एकरा संगही खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी योजना के भूखंडन आ फ्लैट्स के ई-लॉटरियो निकालल गइल।

सीएम योगी कहलें कि गोरखपुर विकास के रथ पs सवार बा। इहां के सड़क फोरलेन बन रहल बाड़ी सs, शहर के चौड़ीकरण कइल जा रहल बा। एही विकास के संगे रोजगार के अवसर मिल रहल बा।

बता दीं कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सुक के योगीराज बाबा गंभीरनाथ प्रेक्षागृह में लोकार्पण आ शिलान्यास समारोह में सामिल भइलें। समारोह में मुख्यमंत्री के सोझा गोरखपुर विकास प्राधिकरण के खोराबार टाउनशिप आ मेडिसिटी योजना के लाभार्थियन के बीच भूखंडन आ फ्लैट्स के ई-लॉटरी के प्रक्रिया संपन्न करावल गइल।

सीएम योगी के हाथन पांच आवंटियन के आवंटन प्रमाणपत्र दिहल गइल। लोकार्पण आ शिलान्यास समारोह में सामिल होखला के बाद मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ प्रेक्षागृह के नीचिका विकसित हर्बल पार्क संजीवनी वाटिका के निरीक्षण कs के उहां पौधरोपणो कइलें।

सीएम योगी आदित्यनाथ 145.67 करोड़ रुपिया के लागत से भइल 82 विकास कार्यन के लोकार्पण आ 29.61 करोड़ रुपिया के लागत से 34 विकास कार्यन के शिलान्यास कइलें। शिलान्यास के कार्यन में 63 परिषदीय विद्यालयन में स्मार्ट क्लास के स्थापनो सामिल बा।

एह परियोजनन के कइलें लोकार्पण

  • योजना निधि से पत्रकारपुरम आ राप्तीनगर- 4940.60 लाख
  • प्राधिकरण, एचयूआरएल, अवस्थापना योजना मद- 4973.35 लाख
  • इलेक्ट्रिकल वर्क प्राधिकरण भवन, पैडलेगंज, बुद्ध द्वार, बाबा गंभीरनाथ- 0216.06 लाख
  • त्वरित आर्थिक विकास योजना 2021-22- 1430.05 लाख
  • त्वरित आर्थिक विकास योजना 2022-23- 3006.73 लाख

एह परियोजनन के कइलें शिलान्यास

  • परिषदीय विद्यालयन खातिर (जोन-1 से 5)- 0599.83 लाख
  • परिषदीय विद्यालयन में स्मार्ट क्लास, सामुदायिक भवन, ईवी चार्जिंग स्टेशन- 1323.96 लाख
  • प्राधिकरण के अवस्थापना निधि के अंतर्गत 8 कार्य- 1037.06
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]