Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीएम मोदी आजु फेरु राजस्थान आ एमपी के दिहें चुनावी सौगात,कई गो परियोजना के करिहें लोकार्पण आ शिलान्यास

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु एक बेर फेरु राजस्थान आ मध्य प्रदेश के दौरा करे जात बाड़न। एह दौरान उ राजस्थान में करीब 5000 करोड़ रुपिया के कई गो परियोजना के शिलान्यास करीहे जबकि मध्य प्रदेश में 12,600 करोड़ से जादे के कई गो परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास करीहे।

1,754

 

राजस्थान आ मध्य प्रदेश विधानसभा चुनाव के एलान होखे में अबहीं कुछ दिन बाचल बा। ओने प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह राज्यन के प्रति आपन रुख तेज कs दिहले बाड़न। एक बार फिर पीएम मोदी आज दुनो राज्य के दौरा करे जा रहल बाड़े। पीएम मोदी दुनो राज्य में 17,600 करोड़ रुपिया से अधिका के खर्चा वाला अलग-अलग परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास करीहे। प्रधानमंत्री राजस्थान में करीब पांच हजार करोड़ रुपिया के कई गो परियोजना के शिलान्यास करीहे अवुरी एकरा के राष्ट्र के समर्पित करीहे। ई परियोजना सड़क, रेल, विमानन, स्वास्थ्य आ उच्च शिक्षा क्षेत्र से संबंधित बाड़ी सऽ। पीएम मोदी आईआईटी, जोधपुर के परिसर राष्ट्र के समर्पित करीहें आ साथही जोधपुर हवाई अड्डा पs नया टर्मिनल भवन आ ओहिजा स्थित एम्स के ‘ट्रॉमा सेंटर आ क्रिटिकल केयर हॉस्पिटल ब्लॉक’ के शिलान्यास करीहें।

12,600 करोड़ से अधिक के परियोजना के उद्घाटन

राजस्थान के बाद पीएम मोदी मध्य प्रदेश के जबलपुर पहुंचिहे अवुरी 12,600 करोड़ रुपिया से जादे के कई गो परियोजना के उद्घाटन अवुरी शिलान्यास करीहे। ई परियोजना सड़क, रेल, गैस पाइपलाइन, आवास आ स्वच्छ पेयजल जइसन क्षेत्रन से संबंधित बाड़ी सऽ। पीएम मोदी इंदौर में लाइट हाउस परियोजना के तहत बनल एक हजार से अधिका मकान के उद्घाटन करीहे। पीएमओ से मिलल जानकारी के मुताबिक, अलग-अलग घर के नल कनेक्शन के माध्यम से सुरक्षित अवुरी पर्याप्त पेयजल उपलब्ध करावे के प्रधानमंत्री के सपना के साकार करे के दिशा में एक कदम बढ़ावत मंडला, जबलपुर अवुरी डिंडोरी जिला में 2350 करोड़ से जादे के कई गो जल जीवन मिशन शुरू कईल गईल बा । परियोजना के शिलान्यास कइल जजा। प्रधानमंत्री सिवनी जिला में 100 करोड़ से अधिका के लागत वाला जल जीवन मिशन परियोजना के राष्ट्र के समर्पित करीहें। पीएमओ के मुताबिक राज्य के चार जिला में मध्य प्रदेश के करीब 1575 गांव के ए परियोजना से फायदा होई। पीएम मोदी मध्य प्रदेश के सड़क बुनियादी ढांचा में सुधार आ राष्ट्र के समर्पित करे खातिर 4800 करोड़ से अधिका के कई गो परियोजना के शिलान्यास करीहें।

रेल के बुनियादी ढांचा में सुधार

मध्य प्रदेश में प्रधानमंत्री 1850 करोड़ से अधिका के रेल परियोजना राष्ट्र के समर्पित करीहेंकरीहे। एह में कटनी-विजयसोता (102 किमी) आ मरवासग्राम-सिंगरौली (7,850 किमी) के जोड़े वाली रेल लाइन के दोहरीकरण कइल शामिल बा। इ दुनो परियोजना कटनी-सिंगरौली खंड के जोड़े वाली रेल लाइन के दुगुना परियोजना के हिस्सा ह। पीएमओ कहले कि ए परियोजना से मध्य प्रदेश के रेल बुनियादी ढांचा में सुधार होई, जवना से राज्य के व्यापार अवुरी पर्यटन के फायदा होई। एह दौरान प्रधानमंत्री विजयपुर-औरैयां-फूलपुर पाइपलाइन परियोजना के राष्ट्र के समर्पित करीहें आ मुंबई-नागपुर-झारसुगुडा पाइपलाइन परियोजना के नागपुर-जबलपुर खंड (317 किलोमीटर) के शिलान्यास भी करीहें। पीएम मोदी जबलपुर में करीब 147 करोड़ रुपिया के लागत से बनल एगो नाया बॉटलिंग प्लांट भी राष्ट्र के समर्पित करीहे।

 

 

 

 

 

654960cookie-checkपीएम मोदी आजु फेरु राजस्थान आ एमपी के दिहें चुनावी सौगात,कई गो परियोजना के करिहें लोकार्पण आ शिलान्यास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.