जोधपुर में काहें बोलले प्रधानमंत्री- मीडिया वाला लिखिहें मोदी के बड़ हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 5, 2023

  प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु राजस्थान के जोधपुर में कई गो विकास परियोजना के शिलान्यास कइलन आ राष्ट्र के समर्पित कइलन। बता दीं कि आज पीएम मोदी चुनावी राज्य राजस्थान के दौरा पs बाड़े। एह

Share

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आजु राजस्थान के जोधपुर में कई गो विकास परियोजना के शिलान्यास कइलन आ राष्ट्र के समर्पित कइलन। बता दीं कि आज पीएम मोदी चुनावी राज्य राजस्थान के दौरा पs बाड़े। एह दौरान आज प्रधानमंत्री राजस्थान में लगभग 5000 करोड़ रुपिया के कई गो परियोजना के शिलान्यास कईले अवुरी राष्ट्र के समर्पित कईले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हेरिटेज स्पेशल-मारवाड़ अवुरी रुणिचा एक्सप्रेस-जैसलमेर ट्रेन के झंडा देखले। एकरा बाद जनसभा के संबोधित करत पीएम मोदी कहले कि राजस्थान उ राज्य ह जहां भारत के बहादुरी, समृद्धि अवुरी संस्कृति के झलक मिलेला। जोधपुर में आयोजित जी-20 सम्मेलन के पूरा दुनिया तारीफ कईलस।

एह दौरान पीएम मोदी कहलन कि सनसिटी में एक बेर जरूर आवे के चाहीं, मेहरानगढ़, जसवंत थड़ा देखे के चाहीं। उ कहले कि जरूरी बा कि भारत के गौरवशाली इतिहास के प्रतिनिधित्व करेवाला राजस्थान भी भारत के भविष्य के प्रतिनिधित्व करे। एकरा खातिर राजस्थान के विकास जरूरी बा। केंद्र सरकार राजस्थान के विकास, रेल अवुरी सड़क के हर क्षेत्र में तेजी से काम करतिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.