[the_ad_group id="30365"]

PM Kisan के 15 वां किस्त हो चुकल बा जारी, ऑनलाइन स्टेटस अइसे कs सकेनी चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना यानी पीएम किसान योजना के तहत 15 वां किस्त जारी भईल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी पछिला बुधवार के 18 करोड़ रुपिया के 15वां किस्त जारी कईले। ए योजना के तहत पात्र किसान के पंजीकृत बैंक खाता में 2000 रुपिया के किस्त मिली। एकरा से पहिले 17 हजार करोड़ रुपिया के 14 वां किस्त 27 जुलाई के जारी भईल रहे। बता दीं, पीएम किसान योजना 1 दिसंबर 2018 से लागू भइल। एकरा के किसान के खेती के जरूरत पूरा करे खातीर ले आवल गईल बा। ए योजना के तहत सभ जमीन धारक किसान के बैंक खाता में सालाना 6000 रुपिया के रकम मिलेला। इ रकम तीन बराबर किस्त में दिहल जाला, हर चार महीना में एक किस्त।

ऑनलाइन स्टेटस के चेक कईसे कईल जाला

•पीएम किसान योजना के तहत आपके बैंक खाता में पीएम किसान के किस्त मिलल बा कि ना एकर ऑनलाइन स्थिति जाने खातिर आप नीचे दिहल स्टेप बाई स्टेप प्रक्रिया के पालन कs सकतानी।

•पीएम किसान योजना के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं pmkisan.gov.in.

•जब होम पेज खुली तs किसान कोना में जाके लाभार्थी के Beneficiary Status पs क्लिक करीं।

•इहाँ आपन विवरण दर्ज करीं अवुरी Get Data विकल्प पs क्लिक करीं।

•राउर पीएम किसान योजना के स्टेटस राउर कंप्यूटर स्क्रीन पs लउकत रही।

•संदर्भ खातिर एगो प्रति डाउनलोड करीं, ओकरा के सेव करीं आ जरूरत पड़ला पs प्रिंट करीं।

 के बा एलिजिबल ?

प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के पात्र लोग में उ किसान शामिल बाड़े, जिनका नाम पs खेती योग्य जमीन पंजीकृत बा। राज्य आ केंद्र सरकार के कर्मचारी, संस्थागत जमीन धारक, सेवारत भा सेवानिवृत्त अधिकारी आ हर महीना दस हजार रुपिया से अधिका पावे वाला पेंशनभोगी के पीएम-किसान योजना के लाभ से छूट दिहल गइल बा।

पइसा ना आई तs का कइल जाव

अगर प्रधानमंत्री किसान सम्मान निधि योजना के तहत आपके पंजीकृत खाता में पईसा नईखे मिलल तs आप टोल फ्री नंबर – 155261, 1800115526 चाहे 011-23381092 पs फोन क के शिकायत दर्ज करा सकतानी। रउरा www. रउआ pmkisan-ict@gov.in पs भी शिकायत दर्ज कs सकेनी।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]