[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-मंबई जाये वाली फ्लाइट के किराया 4 गुना बढ़ल: पटना से लवटे वाला यात्रियन की भीड़; अगिला 5 दिनन तक अइसने रही फेयर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छठ परब खत्म हो गइल बा। अब बिहार से जाये वालन यात्रियन के भीड़ पटना एयरपोर्ट पs बढ़ गइल बा। एसे पटना से दिल्ली आ मुंबई जाये वाली फ्लाइट के किराया 4 से 5 गुना बढ़ गइल बा। मंगर के पटना से दिल्ली जाये वाली इंडिगो फ्लाइट के किराया 25 हजार से जादे हो गइल बा।

बिहार से बाहर दोसर राज्यन में रहे वाला लोग दीपावली आ छठ पूजा में घरे आवेला लो आ छठ पूजा समाप्त होखला के दूसरका दिन से लवटे लागेला लो। इहे वजह बा कि पटना जंक्शन के संगे-संगे पटना एयरपोर्ट पs यात्रियन के भीड़ बढ़ गइल बा।

फ्लाइट्स टिकट के डिमांड बढ़ गइल बा, जवना से टिकट के दामो बढ़ गइल बा। इस्थिति ई बा कि पटना से दिल्ली, मुंबई, चेन्नई, बेंगलुरु, कोलकाता आ पुणे जाये के किराया में 4 गुना के बढ़न्ती दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]