Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जापान के हानेडा एयरपोर्ट पs प्लेन में आग लागल: लैंडिंग से पहिले कोस्ट गार्ड के विमान से टकराइल; फ्लाइट में मवजूद रहे लो 400 पैसेंजर

337

जापान के राजधानी टोक्यो के हानेडा एयरपोर्ट पs एगो प्लेन में आग लाग गइल। जापानी न्यूज एजेंसी क्योडो के मोताबिक, आशंका बा कि लैंडिंग से पहिले विमान कोस्ट गार्ड के प्लेन से टकरा गइल रहे। फिलहाल फायर डिपार्टमेंट के कर्मचारी आग बुझावे के कोसिस कs रहल बा लो।

हादसा में नुकसान से जुड़ल कवनो जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल। जापान एयरलाइन्स के एगो प्रवक्ता बतवलें कि होकाइडो के शिन-चितोसे एयरपोर्ट से रवाना भइल विमान में करीब 367 पैसेंजर्स आ 12 क्रू मेंबर्स सवार रहे लो। सभे के प्लेन से निकालल जा चुकल बा। जापान के ट्रांसपोर्ट मिनिस्ट्री ममिला के जांच कs रहल बिया।

702890cookie-checkजापान के हानेडा एयरपोर्ट पs प्लेन में आग लागल: लैंडिंग से पहिले कोस्ट गार्ड के विमान से टकराइल; फ्लाइट में मवजूद रहे लो 400 पैसेंजर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.