[the_ad_group id="30365"]

जापान के हानेडा एयरपोर्ट पs प्लेन में आग लागल: लैंडिंग से पहिले कोस्ट गार्ड के विमान से टकराइल; फ्लाइट में मवजूद रहे लो 400 पैसेंजर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जापान के राजधानी टोक्यो के हानेडा एयरपोर्ट पs एगो प्लेन में आग लाग गइल। जापानी न्यूज एजेंसी क्योडो के मोताबिक, आशंका बा कि लैंडिंग से पहिले विमान कोस्ट गार्ड के प्लेन से टकरा गइल रहे। फिलहाल फायर डिपार्टमेंट के कर्मचारी आग बुझावे के कोसिस कs रहल बा लो।

हादसा में नुकसान से जुड़ल कवनो जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल। जापान एयरलाइन्स के एगो प्रवक्ता बतवलें कि होकाइडो के शिन-चितोसे एयरपोर्ट से रवाना भइल विमान में करीब 367 पैसेंजर्स आ 12 क्रू मेंबर्स सवार रहे लो। सभे के प्लेन से निकालल जा चुकल बा। जापान के ट्रांसपोर्ट मिनिस्ट्री ममिला के जांच कs रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]