तटरक्षक विमान में सवार 5 लोगन के मउत, कैप्टन गंभीर रूप से घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2024

  जापान में आइल एगो तेज भूकंप के एक दिन बाद मंगल के साँझ टोक्यो के हानेडा हवाई अड्डा के रनवे पs जापानी एयरलाइंस के एगो विमान में आग लाग गइल। विमान में सवार 379

Share

 

जापान में आइल एगो तेज भूकंप के एक दिन बाद मंगल के साँझ टोक्यो के हानेडा हवाई अड्डा के रनवे पs जापानी एयरलाइंस के एगो विमान में आग लाग गइल। विमान में सवार 379 यात्री सुरक्षित बाड़े लेकिन तटरक्षक विमान में सवार पांच लोग के मउत हो गईल बा अवुरी कप्तान गंभीर रूप से घाही बाड़े। महानगर प्रहरी विभाग ई जानकारी देले बा । एनएचके न्यूज के हवाला से ई जानकारी सामने आइल बा।

विमान में 379 यात्री मौजूद रहले

समाचार एजेंसी रॉयटर्स से मिलल जानकारी के मुताबिक जवना विमान में आग लागल रहे, ओकरा में 379 यात्री रहले। हालांकि सौभाग्य के बात ईs रहे कि सगरी 379 यात्री आ चालक दल के विमान से सुरक्षित निकाल लिहल गइल।

दुर्घटना कईसे भईल?

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, उतरला के बाद उ एगो अवुरी विमान से टकरा गईल, जवना के चलते ओकरा में आग लाग गईल। विमान में सवार सभ यात्री के सुरक्षित निकाल दिहल गईल। स्थानीय टीवी के ओर से देखावल गईल वीडियो में जापान एयरलाइंस के विमान रनवे पs उड़ान भरला के दौरान आग अवुरी धुआं के भारी धमाका देखाई देलस। एकरा बाद विंग के आसपास के इलाका में आग लाग गईल।

खबर के मुताबिक इs विमान जेएएल फ्लाइट 516 रहे जवन जापान के शिन चिटोस हवाई अड्डा से हनेडा खातिर उड़ान भरले रहे। दमकलकर्मी मेहनत के बाद आग बुझा देले। दूर से आग के लपट लउकत रहे।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.