[the_ad_group id="30365"]

डेनमार्क के क्वीन माग्ररेथ-II पद छोड़े के घोषणा क‌इलीं: 52 साल शासन क‌इली; बेटा प्रिंस फ्रेडरिक के राजगद्दी सउपिहें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डेनमार्क क महारानी माग्ररेथ-II अतवार के देर रात पद छोड़े के घोषणा क‌इली। उ नया साल के लेके दिहल ग‌इल आपन संबोधन में कहली कि उ एह महीना के 14 जनवरी के आपन पद छोड़ दिहेें। उ आपन बेटा क्राउन प्रिंस फ्रेडरिक आंद्रे हेनरिक के राजगद्दी सउपिहें।

क्वीन माग्ररेथ-II 14 जनवरी 1972 के पिता किंग फ्रेडरिक IX के निधन के बाद सिंहासन संभरले रहलीं। 52 साल बाद ऊ पद छोड़ रहल बाड़ी। ब्रिटेन के क्वीन एलिजाबेथ-II के बाद क्वीन माग्ररेथ-II यूरोप में सबसे लमहर समय तक राज करे वाला दूसरा शासक के तौर पर जानल जाली ।

पीठ के सर्जरी के बाद पद छोड़े के खेयाल आइल

83 साल के क्वीन मार्ग्रेथ के फरवरी 2023 में पीठ के सर्जरी भ‌इल रहे। एकरा बाद उनका मन में पद छोड़े के ख्याल आइल। ऊ लोगन के संबोधित करत कहली- पीठ के सर्जरी के बाद भविष्य के बारे में विचार करे के समय मिलल। हमरा लागल कि अब अपना बेटा के ताज कs के जिम्मेदारी सौंपलें क वक्त आ ग‌इल । हम तय कs लेनी कि 14 जनवरी 2024 के पद छोड़ के बेटा के जिम्मेदारी सउपले के सही समय आ ग‌इल बा।

फरवरी 2023 में भारत आइल रहलें प्रिंस फेडरिक

डेनमार्क के प्रिंस फेडरिक आंद्रे हेनरिक आ प्रिंसेस हमार एलिजाबेथ फरवरी 2023 में आगरा पहुंचल रहलें। दुनों लोग ताजमहल आ आगरा किला देखलस आ ऊ दौरा लेके विजिटर डायरी में कमेंटो लिखलस। एह दौरान उ फोटोशूट करवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]