[the_ad_group id="30365"]

मगध विवि के पूर्व कुलपति के ठिकानन पs एसवीयू के छापा, जमानत रद होखला के बाद से फरार बाड़ें राजेंद्र प्रसाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मगध विश्वविद्यालय में अवैध नियुक्ति, टेंडर घोटाला समेत 30 करोड़ रुपिया के घोटाला के आरोपी विश्वविद्यालय के पूर्व कुलपति प्रो. राजेंद्र प्रसाद के मुश्किल बढ़ल सुरू हो गइल बा। अतवार के विशेष निगरानी इकाई (एसवीयू) के टीम आरोपी पूर्व कुलपति के गोरखपुर के आवास, उनका शिक्षण संस्थान पs छापा मरलस। बाकिर लमहर समय से फरार चल रहल पूर्व कुलपति एसवीयू के हत्थे ना चढ़लें।

मगध विश्वविद्यालय में 30 करोड़ रुपिया से बेसी के घोटाला से जुड़ल ममिला में प्राथमिक साक्ष्य मिलला के बाद विशेष निगरानी इकाई 2021 में विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. राजेंद्र प्रसाद के ठिकानन पs छापा मरले रहे। छापेमारी के दौरान एसवीयू के कइयन अहम दस्तावेज आ सबूत हाथ लागल। बाकिर, राजेंद्र प्रसाद अपना पद के रसूख के इस्तेमाल कs के विशेष निगरानी से बांचत रहलें। बेर-बेर निरदेस के बादो खाली ऊ एक बेर एसवीयू के सोझा पूछताछ खातिर पहुंचलें।

एह बीच राजेंद्र प्रसाद अग्रिम जमानत याचिका लेके सर्वोच्च न्यायालय तक पहुंच गइलें। हालांकि, उनकर याचिका कोर्ट खारिज कs देलस। एकरा बाद अब एसवीयू राजेंद्र प्रसाद के खिलाफ आपन दबिश बढ़ा देले बा। एसवीयू ममिला के जांच अधिकारी के बदल देले बा। एह ममिला के जांच के जिम्मा एसपी स्तर के अधिकारी चंद्रभूषण के सउपल गइल बा।

एकरा संगही इंस्पेक्टर स्तर के दु गो अधिकारी एमे लगावल गइल बा लोग। निगरानी कोर्ट से अनुमति मिलला के बाद एसवीयू के टीम ने अतवार के गोरखपुर में प्रो. राजेंद्र प्रसाद के आवास आ शिक्षण संस्थान में छापा मरलस, बाकिर राजेंद्र प्रसाद फरार होखे में सफल रहलें। सूत्रन के मानल जाव तs एसवीयू के उनका ठिकानन के जानकारी मिल चुकल बा। जल्दिये एह ममिला में आउर छापमारी होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]