[the_ad_group id="30365"]

ब्रेकिंग न्यूज़:पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ के निधन, दुबई के अस्पताल में रहलें भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रेकिंग न्यूज़:पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ के निधन, दुबई के अस्पताल में रहलें भर्ती।पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ के निधन हो गइल बा। उ 79 साल के रहले। पाकिस्तान मीडिया के सूत्रन के हवाला से ई खबर आइल बा। मुशर्रफ लमहर समय से बेमार चलतs रहलें। दुबई के अस्पताल में उनकर इलाज चलत रहे । दुबई के एगो निजी अस्पताल में उ आपन आखरी सांस लिहले।

लमहर समय से अमाइलॉइडोसिस बेमारी से रहले परेशान

मुशर्रफ कई महीनन से अस्पताल में भर्ती रहले। उनकर परिवार एह बात के जानकारी ट्विटर पs देत कहले रहे कि उ अमाइलॉइडोसिस नाम के एगो गम्हीर बेमारी से जूझ रहल बाड़े , जवना चलते उनकर कुल्हि अंग काम कइल बन कई देले बा। आ अब रिकवरीयो के कवनो गुंजाइश नईखे बांचल ।

ब्रिटेन के नेशनल हेल्थ सर्विस (NHS) के मुताबिक, अमाइलॉइडोसिस दुर्लभ आ गंभीर बीमारियन के समूह हs। एकरा में इंसान के शरीर में अमाइलॉइड नाव के असामान्य प्रोटीन बने लागेला । ई दिल, किडनी, लिवर, नर्वस सिस्टम, दिमाग आदि अंगन में जमा होखे लगेला, जवना वजह से एह अंगन के टिशूज ठीक से काम ना कई पावेला।

हमनी के एकरा पs लगातार अपडेट कर रहल बानी जा..

पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ के निधन, दुबई के अस्पताल में रहलें भर्ती।पाकिस्तान के पूर्व राष्ट्रपति परवेज मुशर्रफ के निधन हो गइल बा। उ 79 साल के रहले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]