[the_ad_group id="30365"]

चीन में कोरोना से हाहाकार, अंतिम संस्कार खातिर लागल कतार, काबू के बहरा जा सकsता मौत के आंकड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में जीरो कोविड पॉलिसी में ढील देतही लाखों लोग के कोरोना संक्रमित होखले अउर लाखो लोग के मौत होखले के सुबहां बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार लोग के अस्पताल में भर्ती करावे अउर अंत्येष्टि खातिर अगोरे के पड़sता। काहेसे कि मरीजन अउर मृतकन के संख्या लगातार बढ़ रहल बा। अगिले तीन महीना में चीन में तीन कोरोना लहर के खतरा बा। 10 लाख से ज्यादा मौत के आशंका जतावल गइल बा। एहसे दुनिया भर में चिंता जतावल जा रहल बा।

अक्तूबर ले चीन कोरोनो के खिलाफ अपने जीरो कोविड पॉलिसी के दम पर युद्ध स्तर पर जूझत रहे, लेकिन लॉकडाउन के खिलाफ शुरू भइल आंदोलन उनके पाबंदियन में ढील देवे खातिर मजबूर कs दिहलस। एकरे बाद से हालात तेजी से बिगड़े लागल। तीन साल पहिले दिसंबरे में दुनिया के सबसे पहिला केस चीन में मिलल रहे। ड्रैगन ओकरे बाद से एहसे लड़ाई लड़ रहल बा।

महामारी विशेषज्ञ एरिक फेगल-डिंग एगो वीडियो साझा कs चेतवले बानें कि चीन में कोरोना के स्थिति बिगड़ रहल बा। देश भर में संक्रमण तेजी से बढ़ रहल बा। डिंग अमेरिकी सार्वजनिक स्वास्थ्य वैज्ञानिक हवें। ऊ वर्तमान में न्यू इंग्लैंड कॉम्प्लेक्स सिस्टम्स इंस्टीट्यूट में कोविड टास्क फोर्स के प्रमुख बानें।

मौत के आंकड़ा छिपावल जा रहल बा?

मीडिया रिपोर्ट के अनुसार चीन कोरोना के आंकड़न के लगातार छिपा रहल बा। बीच नवंबर ले 11 मौत के आधिकारिक सूचना दिहल गइल बा। जबकि रोज 10,000 से बेसी संक्रमित मिलत रहनें। ओंने, अंत्येष्टि स्थल, शमशान अउर अस्पताल के वीडियो कुछ अउरिए कहानी बता रहल बा।

सोशल मीडिया में वायरल वीडियो में दावा कइल गइल बा कि चीन के अस्पताल कोरोना मरीजन से भरल पड़ल बा अउर अंत्येष्टि खातिर लाइन लागsता। अस्पतालों के शव घर के कर्मचारियन के अतिरिक्त तैनाती करावे के पड़ल रहे, काहेसेकि कोविड से मौत के संख्या लगातार बढ़ रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]