[the_ad_group id="30365"]

संसद के सुरक्षा में सेंध: गिरफ्तार नीलम के समर्थन में किसान संगठन करिहें प्रदर्शन, सरकार के चेतावनी 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रोहतक : संसद के सुरक्षा के उल्लंघन के मामिला में गिरफ्तार नीलम के समर्थन में अब किसान संगठन सामने आईल बाड़े। हरियाणा के जिंद निवासी नीलम के संसद भवन के बहरी से गिरफ्तार कs लिहल गईल। खबर बा कि आजु किसान संगठन नीलम के समर्थन में प्रदर्शन करीहें। किसान लोग के कहनाम बा कि जदी जल्दी से जल्दी नीलम के रिहा ना भईली तs उ लोग ऐतिहासिक धरती जींद से बड़ फैसला करीहे। बतावल जा रहल बा कि जिन्द के उचाना में सबेरे 11:00 बजे के आसपास किसान जुट जइहें।

किसान नेता नीलम के जायज ठहरवले

एकरा बारे में किसान नेता आजाद पालव के कहनाम बा कि नीलम बेटी जवन भी कईली उ सही रहे, काहेंकी देश में बेरोजगारी लगातार बढ़ता। बता दीं कि संसद भवन के सुरक्षा के उल्लंघन के मामिला में दिल्ली पुलिस आरोपी के खिलाफ यूएपीए अवुरी आईपीसी के धारा 120बी, 452 के धारा के तहत मामिला दर्ज कईले बिया। दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल चारो आरोपी के शैक्षणिक पृष्ठभूमि, कवनो विरोध भा रैली समेत पहिले के गतिविधि में शामिल होखे अवुरी काल्ह के घटना से पहिले संसद गईल रहले कि ना, एकरा अलावे अलग-अलग बिंदु के जांच करी। जांच में उनुका सोशल मीडिया गतिविधि अवुरी इतिहास के जांच पs भी ध्यान दिहल जाई।

डेढ़ साल पहिले से योजना बनावत रहे 

ए मामिला में इहो जानकारी सोझा आईल कि करीब डेढ़ साल पहिले मैसूर में सभ आरोपी के मुलाकात भईल रहे। कुछ महीना पहिले हमनी के फेर से मुलाकात भईल अवुरी योजना बनल। जुलाई में लखनऊ से सागर आईल रहले, लेकिन संसद भवन के भीतर ना जा पवले। 10 दिसंबर के एक-एक करके सभे अपना-अपना राज्य से दिल्ली पहुंचल। 10 दिसम्बर के रात में सब लोग गुरुग्राम में विक्की के घरे पहुंचल। ललित झा भी देर रात गुरुग्राम पहुंचले। अमोल महाराष्ट्र से रंगीन पटाखा लेके आईल रहले। इंडिया गेट पs सबके मुलाकात भईल जहां सबके रंग-बिरंग के पटाखा बांटल गईल। एकरा बाद 12 बजे दुनो आरोपी संसद भवन के भीतर घुस गईले। हंगामा के दौरान ललित बहरी से वीडियो बनावत रहले। हंगामा होते ही ललित सबके मोबाइल लेके भाग गईले। सोशल मीडिया पs दुनो लोग मिलले अवुरी ओकरा बाद एक दूसरा से बात करे खातीर सिग्नल ऐप के इस्तेमाल करे लगले।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]