[the_ad_group id="30365"]

इलाहाबाद यूनिवर्सिटी के हॉस्टल में बम बनवले के दौरान धमाका, छात्र घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इलाहाबाद विश्वविद्यालय के छात्रावास में बम विस्फोट से एगो छात्र गंभीर रूप से घाही हो गईल।मिलल जानकारी के मुताबिक इ विस्फोट तब भईल जब छात्र छात्रावास में खाना बनावत रहे। घटना के जानकारी मिलला के बाद घाही छात्र के नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

पुलिस के जांच में अबे ले पता नईखे चलल कि छात्रा बम काहें बनावत रहे। फिलहाल पुलिस ए समूचा मामिला के छानबीन करतिया।

ए घटना के बारे में पुलिस सहायक आयुक्त (शिवकुटी) राजेश कुमार यादव बतवले कि इलाहाबाद विश्वविद्यालय के एमए छात्र प्रभात यादव पीसी बनर्जी हॉस्टल में अपना कमरा में बम बनावत रहले। ओकरा बाद बम फट गईल जवना से उनुकर दाहिना हाथ गंभीर रूप से घाही हो गईल।

घाही छात्र के एसआरएन अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा जहाँ ओकर हालत गंभीर बनल बा। एह घटना में एगो अउरी छात्र के भी घायल होखे के खबर बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]