[the_ad_group id="30365"]

संसद के सुरक्षा में भारी चूक, कार्यवाही के दौरान दर्शक दीर्घा में कूदल शख्स, मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

संसद के सुरक्षा में भारी चूक के मामला सोझा आईल बा। आजु संसद भवन पs भइल हमला के बरसी पs लोकसभा के सुरक्षा में बड़हन चूक हो गइल बा। बुध के दिने लोकसभा के कार्यवाही के दौरान दर्शक दीर्घा से दू जने कूद के नीचे उतर गइले। उ आदमी संसद में कुछ स्प्रे भी कईले। एक आरोपी के नाम सागर बतावल जाता। महिला के नाम नीलम बतावल जाता। एकरा चलते लोकसभा के कार्यवाही स्थगित कs दिहल गईल बा। हालांकि बाद में दुनो आरोपी पकड़ा गईले।

पुलिस दुनों के संसद मार्ग थाना ले गईल

बाद में दुनु जने के कुछ सांसद पकड़ लिहले आ ओकरा बाद सुरक्षा बल के सौंप दिहले। एक आदमी तs बेंच पs चढ़ के नारा लगावे लगले। एह घटना से हलचल मच गईल। फिलहाल पुलिस दुनो लोग के संसद मार्ग थाना ले गईल बिया अवुरी ओ लोग से पूछताछ कईल जाता। गिरफ्तार आदमी के नाम सागर अवुरी महिला के नाम नीलम बतावल जाता।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]