[the_ad_group id="30365"]

हरकत से नइखे बाज आवत पाकिस्तान, LoC पs भारत के तरफ फेर चलल गोली

LoC
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक ओर पाकिस्तानी नेता आरोप लगावत बाड़े कि भारत ओह लोग पs हमला करे के कोशिश करत बा. हालांकि दोसरा तरफ पाकिस्तान सेना खुद पछिला कई दिन से जम्मू कश्मीर में नियंत्रण रेखा (एलओसी) पs लगातार गोलीबारी करतिया। भारतीय सेना भी पाकिस्तान के गोलीबारी के उचित जवाब दे रहल बिया। बता दीं कि पहलगाम में भइल आतंकी हमला के बाद भारत आ पाकिस्तान युद्ध के कगार पs बा.

पाकिस्तान लगातार 8वां दिन गोली चलवलस

पहलगाम में भईल आतंकी हमला के बाद इs लगातार 8वां दिन बा जब पाकिस्तानी सेना एलओसी पs युद्धविराम के उल्लंघन कईले बिया अवुरी भारतीय चौकी पs गोलीबारी कईले बिया।

संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद एह संकट पs चरचा कs सकेला

भारत आ पाकिस्तान के बीच बढ़त तनाव के बीच संयुक्त राष्ट्र सुरक्षा परिषद एह मामिला पs विचार करत बिया आ अगर निहोरा कइल जाव तs हालात पs चरचा कs सकेला. मई महीना के सुरक्षा परिषद के अध्यक्ष इवेंजेलोस सेकेरिस शुक के इs बात कहले।

आजु कवनो पाकिस्तानी अटारी सीमा पs ना चहुँपल

आज सबेरे 9 बजे अटारी सीमा पs पूर्ण सन्नाटा बा। सीमा पार करे खातिर अबे ले कवनो पाकिस्तानी नागरिक नईखन पहुंचल। भारत आ पाकिस्तान के ओर से सीमा के पूरा तरीका से सील करे के संबंध में अबे ले कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे आईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]