National Herald Case: नेशनल हेराल्ड ममिला में सोनिया आ राहुल गांधी के मुश्किलें बढ़ल, कोर्ट भेजलस नोटिस

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2025

नई दिल्ली: दिल्ली के एगो अदालत नेशनल हेराल्ड मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में कांग्रेस नेता सोनिया गांधी आ राहुल गांधी के नोटिस जारी कइले बा। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट में दूसरका सुनवाई भइल। एकरा पहिले

Share

नई दिल्ली: दिल्ली के एगो अदालत नेशनल हेराल्ड मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में कांग्रेस नेता सोनिया गांधी आ राहुल गांधी के नोटिस जारी कइले बा। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट में दूसरका सुनवाई भइल। एकरा पहिले 25 अप्रिल के कोर्ट सोनिया गांधी, राहुल गांधी के नोटिस जारी करे से इनकार कs देले रहे। अदालत ईडी से आउर जादे प्रासंगिक दस्तावेज ले आवे आ खामियन के दूर करे के कहले रहे। अब एह ममिला में अगिला सुनवाई 8 मई के होई।

कोर्ट कहलस कि चार्जशीट पs संज्ञान लेवे से पहिले आरोपियन के पक्ष के सुने के अधिकार छीनल नइखे जा सकत। ममिला के अगिला सुनवाई 8 मई के होई। कोर्ट कहलस कि प्रस्तावित आरोपियन के आरोपपत्र के संज्ञान के समय सुनवाई के अधिकार बा। कवनो स्तर पs सुनवाई के अधिकार निष्पक्ष सुनवाई सुनिश्चित करे खातिर आवश्यक बा।

एकरा पहिले नेशनल हेराल्ड ममिला में ईडी पूर्व कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी आ लोकसभा में विपक्ष के नेता राहुल गांधी पs शिकंजा कसत मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में आरोपपत्र दायर कइले रहे। ईडी दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट में आरोपपत्र दाखिल कइले रहे। ईडी सोनिया आ राहुल के मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में आरोपी बनवले बिया। आरोपपत्र में कांग्रेस के वरिष्ठ नेता सैम पित्रोदा, सुमन दुबे समेत कइयन गो नेता के नाम सामिल बा।

का ना नेशनल हेराल्ड ममिला?

नेशनल हेराल्ड समाचार पत्र के स्थापना 1938 में पूर्व प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू कइले रहस। ई स्वतंत्रता संग्राम के प्रतीक रहे, एकरा के एसोसिएटेड जर्नल्स लिमिटेड यानी एजेएल के तरफ से प्रकाशित कइल जात रहे। साल 2008 में वित्तीय संकट के बाद समाचार पत्र बंद हो गइल आ इहवें से एह विवाद के सुरुआत भइल। एकरा बाद 2010 में यंग इंडिया प्राइवेट लिमिटेड (वाईआईएल) नाम के कंपनी बनल, जेमे सोनिया गांधी आ राहुल गांधी की 38-38% हिस्सेदारी बा। एह ममिला में भाजपा नेता सुब्रमण्यम स्वामी 2012 में आरोप लगवलें कि वाईआईएल एजेएल के 2000 करोड़ रुपिया से जादे के संपत्तियों के मात्र 50 लाख रुपिया में हासिल कs लेलस आ ई धोखाधड़ी आ मनी लॉन्ड्रिंग के ममिला हs।

Read Also: Pakistan: भारत के सख्ती से पाकिस्तान बेहाल; आनाकानी के बाद वाघा बॉर्डर पs फंसल नागरिकन के वापस लेवे खातिर मजबूर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.