[the_ad_group id="30365"]

भारतीय नौसेना के हलचल से उड़ल पाकिस्तान के नींद, सता रहल बा बड़ डर

भारतीय नौसेना
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ पाकिस्तान के बीच तनाव के स्थिति लगातार बढ़ रहल बा। दुनो देश के सेना सीमा पs जुटान करतिया अवुरी हाई अलर्ट पs बिया। एकरा संगे पाकिस्तानी सेना लगातार एलओसी पs गोलीबारी करतिया, जवना के उचित जवाब भारतीय सेना दे रहल बिया। अब भारतीय नौसेना भी एगो बड़ कदम उठवले बिया। भारतीय नौसेना पाकिस्तान के ठीक सामने एगो बड़हन युद्ध अभ्यास कs रहल बा। नौसेना के एह कदम से पाकिस्तान में अउरी तनाव आ गइल बा.

भारतीय नौसेना 4 दिन ले युद्ध अभ्यास करी

भारतीय नौसेना 30 अप्रैल से 3 मई तक गुजरात के नजदीक समुद्री अभ्यास करी।एह अभ्यास के दौरान भारतीय नौसेना समुद्री सीमा से 85 समुद्री मील पीछे रही। बता दीं कि पाकिस्तान भी ठीक सामने अभ्यास कs रहल बा। पाकिस्तान जहां 30 से 2 मई तक अभ्यास करी, उहें भारतीय नौसेना 30 अप्रैल से 3 मई तक अभ्यास करी। दुनो देश के नौसेना के आमने-सामने के चलते युद्ध के संभावना अवुरी बढ़ गईल बा

पाकिस्तान के 1971 के डर बा

पाकिस्तान के ठीक सामने भारतीय नौसेना के अभ्यास से पड़ोसी देश के सरकार बहुते डेरा गइल बा. पाकिस्तान के डर बा कि कहीं भारतीय नौसेना ओकरा के 1971 के तरह तबाह ना कs देव, बता दीं कि 1971 में भारत-पाकिस्तान युद्ध के दौरान भारतीय नौसेना पाकिस्तान के खिलाफ ऑपरेशन ट्राइडेंट शुरू कईले रहे। एह अभियान में नौसेना पाकिस्तान के कराची बंदरगाह के पूरा तरह से तबाह कs दिहलस अवुरी बहुत पाकिस्तानी जहाज के डूबा देलस।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]