[the_ad_group id="30365"]

Oscar 2025: गुनीत मोंगा के ‘अनुजा’ भइल ‘ऑस्कर 2025’ खातिर शॉर्टलिस्ट, जानीं फिल्म से जुड़ल महत्वपूर्ण बात

गुनीत मोंगा के ‘अनुजा’ भइल ‘ऑस्कर 2025’ खातिर शॉर्टलिस्ट - फोटो : इंस्टाग्राम @guneetmonga
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अपना शॉर्ट डॉक्यूमेंट्री फिल्म ‘द एलीफेंट व्हिस्परर्स’ खातिर साल 2023 के अकादमी पुरस्कार जीते वाली गुनीत मोंगा एक बेर फेर भारतीय सिनेमा के गौरवान्वित करे खातिर तइयार बाड़ी। उनकर नया प्रोजेक्ट ‘अनुजा’ के ‘ऑस्कर 2025’ खातिर ‘सर्वश्रेष्ठ लाइव-एक्शन शॉर्ट फिल्म’ श्रेणी में चुनल गइल बा, जवना के ऊ कार्यकारी निर्माता बा। ई गुनीत के अकादमी पुरस्कारन में तीसरा नामांकन हs।

180 क्वालीफाइंग एंट्री में चुनल गइल ‘अनुजा’

ऑस्कर 2025 खातिर ‘अनुजा’ के चुनल गइल 180 क्वालीफाइंग एंट्री में से चुनल गइल। ई शॉर्ट फिल्म ऑस्कर खातिर 15 शॉर्टलिस्ट कइल गइल फिल्मन में सामिल बा। ‘अनुजा’ के एडम जे ग्रेव्स आ सुचित्रा मट्टई द्वारा निर्देशित आउर हॉलीवुड स्टार आ लेखिका मिंडी कलिंग के ओर से सह-निर्मित कइल गइल बा। एह प्रोजेक्ट के बारे में बात करत गुनीत मोंगा कहली, “अनुजा दू बहिनन के एगो गहिराह निजी कहानी बा, जवन जिनगी में आगे बढ़ेला। फिल्म मानव आत्मा के अटूट आशा के दरसावत बा। ई टीम के समर्पण आ एह मार्मिक कहानी के ताकत के विनम्र मान्यता बा।”

‘अनुजा’ के कास्ट

नई दिल्ली में सेट कइल गइल एह फिल्म में अनुजा के किरदार में सजदा पठान आ पलक के रूप में अनन्या शानबाग बाड़ी। आउर कलाकारन में नागेश भोंसले, गुलशन वालिया, सुशील परवाना, सुनीता भदौरिया, रुडोल्फो राजीव ह्यूबर्ट, जुगल किशोर आ पंकज गुप्ता सामिल बा।

का बा ‘अनुजा’ के कहानी?

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, कहानी अनुजा के इर्द-गिर्द घूमत बा। आधिकारिक सारांश के अनुसार, “जब एगो नव साल के लईकी जवन एगो गारमेंट फैक्टरी में काम करत बिया, ओकरा के बोर्डिंग स्कूल में जाये के एगो दुर्लभ मवका दिहल जात बा, तs ओकरा के एगो अइसन विकल्प के सामना करे के पड़त बा। जवन ओकरा भविष्य आ ओकरा परिवार के भाग्य के निर्धारण करी।

Read Also: क्रिसमस से पहिले ठंडा पड़ा बाजार; सेसेक्स 1100 अंक टूटल, निफ्टी 23600 से नीचे आइल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]