Oscar 2025 के रेस से ‘लापता लेडीज’ के कटल पत्ता, टॉप 15 में भी नाहीं मिलल जगह

Minee Upadhyay
लापता लेडीज ऑस्कर से बाहर
- Sponsored Ads-

किरण राव के निर्देशन में बनल लापता लेडीज 97वां ऑस्कर अवार्ड-2025 के दौड़ से बाहर हो गइल बिया.  भारत ऑस्कर 2025 के आधिकारिक एंट्री रहे, बाकिर फिलिम टॉप 10 में ना चहुँप पावल। एकेडमी ऑफ मोशन पिक्चर आर्ट्स एंड साइंसेज आवे वाला 97वां खातिर दस गो कैटेगरी में शॉर्टलिस्ट के एलान कइलस जवना में ‘लापता लेडीज’ के नाव ना रहे.  एह खबर से भारतीय प्रशंसक निराश हो गइल बाड़े.  खान प्रोडक्शंस, किंडलिंग पिक्चर्स आ जियो स्टूडियो के बैनर तले बनल लापता लेडीज एह साल एक मार्च के सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे.  हालांकि ‘संतोष’ टॉप 15 में आपन जगह बनावे में कामयाब रहल.  एह फिलिम के ब्रिटिश-इंडियन डायरेक्टर संध्या कइले बाड़ी.

ऑस्कर दौड़ से बाहर लापता लेडीज

- Sponsored Ads-

निर्देशक किरण राव आ निर्माता आमिर खान समेत फिल्म के टीम एकेडमी अवॉर्ड्स खातिर अभियान शुरू कs चुकल रहुवे.  हाल ही में एह फिलिम के प्रदर्शन लंदन में भी भइल रहे।  पिछला महीना एह फिलिम के एगो नया पोस्टर जारी भइल रहे जवना के नाम रहे लॉस्ट लेडीज.  एह से अंतर्राष्ट्रीय दर्शकन खातिर एगो बदलाव के रेखांकित कइल गइल, काहे कि हिंदी शब्द लापता के अनुवाद अंगरेजी शब्द लॉस्ट में भइल.

आमिर खान के लगान टॉप 5 में जगह बना लिहलस

आमिर खान के क्लासिक ‘लगान’ आखिरी भारतीय फिलिम रहल जवन ऑस्कर 2002 में सर्वश्रेष्ठ अंतर्राष्ट्रीय फीचर फिलिम श्रेणी (पहिले सर्वश्रेष्ठ विदेशी फिलिम के नाम से जानल जात रहे) में टॉप 5 नामांकन में शामिल भइल.  लगान के अलावा 1957 में ‘मदर इंडिया’ आ 1988 में ‘सलाम बम्बई’ जइसन फिलिमन आस्कर में आपन जगह बना लिहले रहली सँ.


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: बइठले-बइठले कंधा में होखे लागेला जकड़न तs कs के देखीं इs 3 गो योगासन

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।