[the_ad_group id="30365"]

Mufasa Box Office Collection Day 1: ‘मुफासा’ दिहलस ‘पुष्पा 2’ कड़ा टक्कर, पहिलका दिन भारत में कइलस कमाल

मुफासा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डिज्नी प्लस हॉटस्टार के मशहूर फिल्म ‘द लायन किंग’ के प्रीक्वल ‘मुफासा: द लायन किंग’ पहिला दिने दस करोड़ रुपिया कमा के भारतीय बॉक्स ऑफिस पs धमाका कइलस. इs आंकड़ा 2019 में ‘द लायन किंग’ के पहिला दिन के कमाई के लगभग 80 प्रतिशत बा। भारत में एह फिलिम के लेके बहुत दिन से धूम मचल रहे। जहाँ कई देशन में ‘मुफासा’ अपना पिछला फिलिम के कमाई के बराबर कमाई कइले बा ओहिजे भारत में पहिला दिने बेहतरीन कलेक्शन बनवले बा. मुफासा अपना टोली सिंबा, टिमन आ पुम्बा के साथे 20 दिसंबर के सिनेमाघरन में रिलीज भइल बा.

मुफासा : द लायन किंग कलेक्शन डे 1

फोटो रियलिस्टिक एनिमेटेड फिल्म ‘मुफासा: द लायन किंग’ भारत में कई भाषा में रिलीज हो चुकल बा। हिंदी संस्करण में शाहरुख खान आ तेलुगु संस्करण में महेश बाबू के आवाज एह कहानी के बहुते बढ़िया से पेश कइले बा. सैकनिल्क के मुताबिक भारत के सभ भाषा में ‘मुफासा’ के पहिला दिन करीब 10 करोड़ रुपया के कमाई भईल। पहिला दिन के कमाई के देखला पs अनुमान लगावल जा सकता कि ‘मुफासा’ अल्लू अर्जुन के ‘पुष्पा 2’ के कड़ा मुकाबला दे सकता। पहिला दिन के संग्रह के देखल जाव तs उमेद कइल जा सकेला कि शनिचर आ अतवार के दिने फिल्म ‘मुफासा’ के कमाई बढ़ सकेला. शाहरुख खान के अलावे हिंदी संस्करण में संजय मिश्रा, श्रेयस तलपडे जईसन दिग्गज कलाकार भी पुम्बा अवुरी टिमोन जईसन किरदार के आपन आवाज देले बाड़े। एकरा चलते भारत में हिन्दी फिलिमन के बढ़िया मुनाफा मिल रहल बा.

मुफासा: द लायन किंग डे 1 इंग्लिश (3डी) सिनेमाघरन में ऑक्यूपेंसी
‘मुफासा: द लायन किंग’ के शुक, 20 दिसंबर 2024 के कुल 17.55% अंग्रेजी में ऑक्यूपेंसी रहे.

सुबेरे के शो: 8.03%

दुपहरिया के शो: 13.73%

सांझ के शो: 21.03%

रात के शो: 27.42%

मुफासा: द लायन किंग डे 1 हिंदी (3डी) सिनेमाघरन में ऑक्यूपेंसी
मुफासा: द लायन किंग’ की शुक, 20 दिसंबर, 2024 के कुल मिलाके हिंदी में 12.80% ऑक्यूपेंसी रहे.

सुबेरे के शो: 6.09%

दुपहरिया के शो: 9.38%

सांझ के शो: 15.87%

रात के शो: 19.86%

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]