क्रिसमस से पहिले ठंडा पड़ा बाजार; सेसेक्स 1100 अंक टूटल, निफ्टी 23600 से नीचे आइल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 20, 2024

घरेलू शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक लगातार पांचवां दिन गिरावट के संगे बंद भइल। हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन सेंसेक्स 1,176.46 (1.48%) अंक टूटके 78,041.59 पs बंद भइल। दूसरका ओर, निफ्टी 364.21 (1.52%) अंक फिसलके

Share

शेयर बाजार


घरेलू शेयर बाजार के बेंचमार्क सूचकांक लगातार पांचवां दिन गिरावट के संगे बंद भइल। हफ्ता के आखिरी कारोबारी दिन सेंसेक्स 1,176.46 (1.48%) अंक टूटके 78,041.59 पs बंद भइल। दूसरका ओर, निफ्टी 364.21 (1.52%) अंक फिसलके 23,587.50 पs बंद भइल। हालांकि, सुक के रुपिया अपना सर्वकालिक निचला स्तर से 10 पईसा तक रिकवर कs के 85.03 रुपिया पs बंद भइल।

बीएसई पs करीब 4085 शेयरन में कारोबार भइल, जेमे 1061 शेयर बढ़त के संगे बंद भइल जबकि 2929 शेयर टूटके बंद भइल। 95 शेयरन के भाव में कवनो बदलाव ना भइल। सुक के कारोबार के दौरान 229 शेयर 52 हफ्तन के ऑल टाइम हाई पs कारोबार करत रहे, जबकि 68 शेयर 52 हफ्तन के ऑल टाइम लो पs रहे। निफ्टी ऑटो, बैंक, एफएमसीजी आ आईटी लगभग सब सेक्टरन में बिकवाली दिखल।

Read Also: Parliament Session: हंगामा के भेंट चढ़ल शीतकालीन सत्र, राज्यसभा में भइल मात्र 40 फीसदी काम; जानीं लोकसभा के हाल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.