[the_ad_group id="30365"]

100W चार्जिंग सपोर्ट, 50MP कैमरा आ 24GB रैम वाला OnePlus के ई प्रीमियम फोन एह दिन होई लॉन्च, इहां जानीं जरूरी डिटेल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

OnePlus आपन प्रीमियम फोन OnePLus 12 के लॉन्च करे के तइयारी में बा। एह डिवाइस के ग्लोबली लॉन्च कइल जाये के बा। हालांकि कंपनी एगो इवेंट के दौरान अपना लॉन्च डेट के जानकारी दे देले रहे। बाकिर अब कंपनी आधिकारिक तौर पs पोस्ट कs के बतवले बिया कि OnePlus 12 के 23 जनवरी 2024 के OnePLus 12R के संगे लॉन्च कइल जाई।

एह महीना के सुरुआत में जानल मानल चीनी स्मार्टफोन निर्माता कंपनी OnePlus अपना कस्टमर्स खातिर आपन लेटेस्ट फ्लैगशिप फोन OnePlus 12 के लॉन्च कइले रहे। बता दीं कि ई डिवाइस फिलहाल चीन में लॉन्च भइल बा। बाकिर अब एह डिवाइस के ग्लोबली लॉन्च कइल जाये के बा, जवना के लॉन्च डेट सामने आ गइल बा।

हालांकि, OnePlus पहिलही एगो एंटवर्प, बेल्जियम में आयोजित नेवर सेटल समिट में दिहल गइल रहे। बाकिर अब कंपनी वनप्लस कम्युनिटी पs एगो पोस्ट शेयर कs के बतवले बिया कि कंपनी OnePlus 12 आ OnePlus 12R के 23 जनवरी, 2024 के लॉन्च करी। भारत में ई डिवाइस 23 तारीख के सांझ 7:30 बजे लॉन्च होई।

केतना हो सकत बा कीमत

  • बता दीं कि OnePlus के एह डिवाइस के पहिलही चीन में लॉन्च कइल जा चुकल बा। एहिसे हमनी के एकर कीमतन के अंदाजा लगा सकत बा।
  • वनप्लस 12 के 12GB+256GB, 16GB+512GB, 16GB+1TB और 24GB+1TB स्टोरेज वेरिएंट में पेश कइल जा सकत बा।
  • एह डिवाइस के कीमत 50700 रुपिया से सुरू होके 68,400 रुपिया तक जा सकत बा।

OnePlus 12 के स्पेसिफिकेशंस

  • जइसन कि हम बता चुकल बानी कि एह डिवाइस के पहिलही चीन में लॉन्च कइल गइल बा। एह कारण एकर जादेतार स्पेसिफिकेशंस हमनी के सामने आ चुकल बा।
  • वनप्लस 12 में रउआ 6.82-इंच कर्व्ड OLED डिस्प्ले मिल सकत बा, जवना से प्लस QHD+ रिजॉल्यूशन आ 120Hz रिफ्रेश रेट के संगे जोड़ल जा सकत बा।
  • प्रोसेसर के बात करीं तs एह डिवाइस में स्नैपड्रैगन 8 जेन 3 प्रोसेसर हो सकत बा। जवना के 24GB तक LPDDR5x रैम आ 1TB तक UFS 4.0 स्टोरेज मिल सकत बा।
  • डिवाइस में रउआ बड़ वीसी कूलिंग सिस्टम मिल सकत बा, जवन एक्सट्रीम गेम के दौरान ठंडा रखे में मदद कs सकत बा।
  • कैमरा के बात करीं तs एमे रउआ ट्रिपल रियर कैमरा सेटअप मिल सकत बा। जेमे हैसलब्लैड इमेज प्रोसेसिंग के संगे 50MP मुख्य सेंसर मिलत बा।
  • बैटरी के बात करीं तs एमे 100W वायर्ड आ 50W वायरलेस चार्जिंग के संगे 5,400mAh के बैटरी मिल सकत बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]