[the_ad_group id="30365"]

Vodafone Idea पेश कइलस नया सस्ता प्लान, ग्राहकन के फ्री मिली 13 OTT सब्स्क्रिप्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वोडाफोन आइडिया सबसे सस्ता मनोरंजन योजना : वोडाफोन आइडिया भारतीय दूरसंचार क्षेत्र में जियो अवुरी एयरटेल के बाद तीसरा सबसे बड़ कंपनी बा। अपना यूजर बेस बढ़ावे खातिर कंपनी अपना ग्राहकन के नया आकर्षक योजना देत रहेले। अब साल 2023 के अंत से पहिले वीआई अपना करोड़ों यूजर खातीर सस्ता योजना पेश कईले बिया। एह योजना के सबसे बड़ खास बात इs बा कि बजट के अनुकूल होखला के बावजूद एकरा में बहुत बढ़िया ऑफर दिहल गईल बा।

बता दीं कि वोडाफोन आइडिया आपन 22 करोड़ से अधिका यूजर खातिर 202 रुपिया के नया प्रीपेड प्लान पेश कइले बा।बता दीं कि वीआई के ई नया प्लान रेगुलर प्लान जइसन नइखे। एहमें ग्राहकन के फोन, डाटा आ एसएमएस के सुविधा ना मिली।

अगर रउवा ओटीटी स्ट्रीमिंग करेनी तs रउवा वोडाफोन आइडिया के इs नया प्लान बहुत पसंद आवे वाला बा। काहे कि 202 रुपिया के ईs नया प्लान मनोरंजन के प्लान ह। एह में यूजर के एक महीना के VI Movies & TV Pro सब्स्क्रिप्शन दिहल जाला। कंपनी एह योजना में 13 से ढेर ओटीटी चैनल सभ के सदस्यता देले बिया जेह में डिज्नी + हॉटस्टार, सोनी लिव आ सनएनएक्सटी नियर कई गो लोकप्रिय प्लेटफार्म सभ सामिल बाड़ें।

हम तs पहिलहीं बता देले बानी कि ई मनोरंजन के योजना ह। एहसे एकरा में कॉलिंग भा डाटा के सुविधा नइखे मिलत। फोन करे खातिर रउरा अलगा से रेगुलर प्लान लेबे के पड़ी। अगर रउआ कॉलिंग डाटा बेनिफिट वाला प्लान के तलाश में बानी तs बता दीं कि रउआ वीआई के 219 रुपिया के प्लान ले सकेनी। ए रिचार्ज प्लान में कंपनी ग्राहक के 21 दिन के वैधता देले बिया। एकरा संगे इs कवनो नेटवर्क में मुफ्त कॉलिंग के सुविधा अवुरी रोज 1GB डेटा देवेला। कंपनी रोज 100 एसएमएस भी देवेले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]