[the_ad_group id="30365"]

WhatsApp में लॉगिन खातीर अब ईमेल पs आई OTP

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

व्हाट्सएप जल्दिए एगो नाया फीचर देवे वाला बा जवना से यूजर के लॉगिन में बहुत मदद मिली। फिलहाल नाया फोन खरीदे चाहे व्हाट्सएप के दोबारा इंस्टॉल करे के समय ओटीपी के जरूरत होखेला। ओटीपी नंबर पs आवेला। अब अगर रउरा लगे कवनो कारण से नंबर नइखे तs ई तय बा कि गरारी फंस जाईं। फोन के चोरी चाहे सिम बदलला के चलते अयीसन हो सकता। नियम के मुताबिक सिम बदलला के बाद 24 घंटा ले एसएमएस ना आवेला। एह तरह के सगरी समस्या से रउरा जल्दिए राहत मिल जाई काहे कि व्हाट्सएप ईमेल पs वेरीफिकेशन के सुविधा (व्हाट्सएप ईमेल वेरीफिकेशन) देबे वाला बा।

व्हाट्सएप के ईमेल सत्यापन फीचर के पहिला बेर WABetaInfo देखले रहे। इs सबसे भरोसेमंद वेबसाइट हs जवन इंस्टेंट मैसेजिंग ऐप से जुड़ल सभ फीचर के अपडेट देवेले। WABetaInfo के मुताबिक, इs फीचर आईफोन अवुरी एंड्रॉयड बीटा यूजर खातीर भी उपलब्ध हो गईल बा।

इ फीचर सचमुच बहुत उपयोगी बा, लेकिन एकरा संगे तकनीकी सीमा भी बा। कहे के मतलब कि भले रउरा ई-मेल के माध्यम से अपना अकाउंट में लॉगिन कs सकेनी, लेकिन तबहूँ आपके फोन नंबर के जरूरत होई। सहज भाषा में समझे के चाहीं। पहिला बेर व्हाट्सएप अकाउंट बनावे वाला यूजर खातिर फोन नंबर जरूरी होई। ओह नंबर से पहिला बेर लॉगिन कइला पs अइसन होखी। एक बेर आपन फोन नंबर से लॉगिन कईला के बाद समस्या खतम हो जाला। एह प्रक्रिया के बाद सेटिंग्स में जाके रउआ ई-मेल जोड़ सकेनी।

ई-मेल के वेरीफाई हो जाई आ अगिला बेर फोन नंबर भा ई-मेल पs ओटीपी पावे के विकल्प होखी। WABetaInfo के मुताबिक, इs फीचर बीटा वर्जन 2.23.24.10 में देखल गईल बा अवुरी जल्दिए इs यूजर के उपलब्ध हो जाई। रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि ए ऐप यूजर के गोपनीयता अवुरी सुरक्षा खातीर बहुत फीचर पs काम करतिया। जइसे कि एक से अधिका प्रोफाइल के फीचर। एह फीचर के मदद से यूजर दुगो प्रोफाइल बना सकेले। एह फीचर के मदद से आपके अलग-अलग डिस्प्ले पिक्चर (डीपी) सेट करे के विकल्प भी मिली।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]