[the_ad_group id="30365"]

OIC महासचिव के PoK दौरा: भारत इस्लामिक देशन के संगठन के लगवलस फटकार, दिहलस चेतावनी- हमनींके मामला में दखल न द लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इस्लामिक देशन के संगठन- ऑर्गनाइजेशन ऑफ इस्लामिक कोऑपरेशन (ओआईसी) के भारत एक बेर फिर फटकार लगवलस। कश्मीर के ले के लगातार बयानबाजी के बाद अब एह संगठन के महासचिव पाकिस्तान के कब्जा वाले कश्मीर (PoK) के दौरा कइलें। सथही पीओके के ले के टिप्पणिओ कइलें। एके ले के भारत नाराजगी जतवलें बानें। विदेश मंत्रालय के ओर से ओआईसी के एह हरकत के निंदा कइल गइल बा।

विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची के ओर से जारी बयान में कहल गइल, “हमनींके ओआईसी के महासचिव के पीओके के दौरा के समय जम्मू-कश्मीर पs टिप्पणी के सखत आलोचना करतनी जा। हम फिर कहल चाहतनीं कि ओआईसी के जम्मू-कश्मीर से जुड़ल मुद्दा से कौनो लेना-देना नइखे। ई भारत के एगो अखंड हिस्सा ह। भारत के आंतरिक मामला में दखल अउर हस्तक्षेप के कौनहू कोशिश एकदम स्वीकार नाइ बा।”

विदेश मंत्रालय के ओर से कहल गइल, “ओआईसी पहिलही आपन सब भरोसा खो चुकल बा। उ कई मुद्दा पs लगातार सांप्रदायिक, एकतरफा अउर तथ्यात्मक रूप से झूठहा के पक्ष लेत रहल बा। एकर महासचिव दुर्भाग्यपूर्ण तरीका से पाकिस्तान के प्रवक्ता बन के रह गइल बानें।”

का रहल कश्मीर पs ओआईसी के बयान?

इस्लामिक देश के संगठन के महासचिव हिसेन ब्राहिम ताहा सोमार के पीओके दौरे के बाद कहले रहनें कि कश्मीर विवाद ओआईसी के एजेंडा में पहिला प्राथमिकता पs बा। दरअसल, ब्राहिम ताहा पीओके दौरा पर पहुंचल रहनें। इहां ऊ कहनें कि इस्लामिक देश के संगठन भारत अउर पाकिस्तान के बीच बातचीत के रास्ता ढूंढ रहल बा ताकि कश्मीर विवाद के हल निकालल जा सके।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]