[the_ad_group id="30365"]

तवांग झड़प के बाद मोर्चा पs भारत के लड़ाकू विमान तैनात : अरुणाचल प्रदेश में 3 बेर रोकल गइल चीनी ड्रोन घुसपैठ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तवांग में भारत अउर चीन के सैनिकन के झड़प के बाद इंडियन एयरफोर्स (IAF) अरुणाचल सीमा पर कॉम्बैट एयर पेट्रोलिंग, यानी जंगी उड़ान शुरू कs दिहले बा। 9 दिसंबर के तवांग में हुई झड़प से पहिलहू चीन अरुणाचल सीमा में आपन ड्रोन भेजे के कोशिश कइले रहे। एकरे बाद IAF तुरंत अपने लड़ाकू विमान अरुणाचल सीमा पs तैनात कs दिहलस।

न्यूज एजेंसी ANI सूत्रन के हवाले से बतवलस कि तवांग के करीब यांगत्से में LAC के पास दू इलाका होलीदीप अउर परिक्रमा एरिया में चीन भारतीय चौकियन के विरोध कs रहल बा। पिछले कुछ हफ्ता में 2-3 बेर एह चौकियोन के तरफ बढ़ रहल ड्रोन के भारतीय लड़ाकू विमान सब रोकले बानें। सुखोई-30MKI ई एयर वॉयलेशन रोकले रहल।

LAC पs IAF के चीनी ड्रोन पs नजर, रडार पर दिखल त एक्शन लीहें सब विमान

सूत्रन के कहनाम बा कि अगर ड्रोन LAC के बराबरी में उड़sता त भारतीय सेना के एसे कौनो परेशानी नइखे। अगर कौनो एयरक्राफ्ट चाहे ड्रोन भारतीय सीमा के ओर उड़ान भरsला अउर हमनींके रडार पs इनकर आक्रामक गतिविधि दिखाई देला, त ई एयर वॉयलेशन होई अउर IAF तुरंत एक्शन लेई।

नॉर्थ ईस्ट में वायुसेना के मौजूदगी काफी मजबूत बा। असम के तेजपुर अउर चाबुआ में कई जगह पर सुखोई-30 के तैनाती बा। राफेल फाइटर जेट्स बंगाल के हशीमारा में तैनात बा, जौन काफी कम समय में नॉर्थ ईस्ट के कवर कs सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]