[the_ad_group id="30365"]

फेर बढ़े लागल कोरोना:24 घंटा में कोरोना के मामला 90% बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश में एक बेर फेर से कोरोना के मामला बढ़े लागल बा। देश में रविवार के कोरोना के 2,183 केस दर्ज भइल। ई शनिवार के मुकाबले 89.8% के बढ़ोतरी बा। शनिवार के 1,150 केस मिलल रहल। कोरोना से मरे वालन का आंकड़ा भी बढ़ गइल बा। रविवार के 214 लोग के मौत रिकॉर्ड कइल गइल। एहमें 213 मौत केरल में दर्ज भइल बा, जेमें 212 बैकलॉग डेटा के बा। 1 मौत उत्तर प्रदेश में दर्ज कइल गइल। कोरोना के बढ़त मामला के देख के यूपी सरकार लखनऊ, गाजियाबाद समेत 7 जिला में सार्वजनिक स्थान पर फेस मास्क पहिनल अनिवार्य कs देहलस।

11 हफ्ता के गिरावट के बाद फेर बढ़ रहल बा मामला

जनवरी में आइल तिसरका लहर के बाद लगातार 11 हफ्ता से मामला में गिरावट होत रहल, लेकिन बीतल 7 दिन (11 से 17 अप्रैल) में कोरोना मामला में 35% का इजाफा भइल बा। हालांकि ई बढ़ोतरी सिर्फ दिल्ली, हरियाणा अउर उत्तर प्रदेश में दर्ज कइल जा रहल बा।

रविवार के खतम भइल हफ्ता में देश में करीब 6,610 कोरोना केस दर्ज भइल। एहसे पिछले हफ्ता में देश में 4,900 केस मिलल रहल। कोरोना से होखे वाली मौत में लगातार कमी दर्ज कइल जा रहल बा। पिछले हफ्ता में सिर्फ 27 लोग के कोरोना संक्रमण से जान गइल। ई 23 से 29 मार्च, 2020 के हफ्ता के बाद कौनो हफ्ते में सबसे कम मौत बा। एहसे पिछले हफ्ता में 54 मौत दर्ज कइल गइल रहल।

11 जिला में मास्क पहिनल जरूरी, सरकार जारी कइलस आदेश

उत्तर प्रदेश सरकार 7 जिला में सार्वजनिक स्थान पर फेस मास्क पहिनल अनिवार्य कs देहले बा। एहमें गौतमबुद्धनगर, गाजियाबाद, हापुड़, मेरठ, बुलंदशहर, बागपत अउर लखनऊ जिला शामिल बा। उहवें हरियाणा सरकार गुरुग्राम, फरीदाबाद, झज्जर अउर सोनीपत में मास्क जरूरी कs देहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]