[the_ad_group id="30365"]

चुनाव के 3 दिन बाद अध्यक्ष सहित कुश्ती संघ सस्पेंड: बृजभूषण के करीबी के जीत भइल तs साक्षी कुश्ती छोड़ली, बजरंग पद्मश्री लवटवली 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछिला 11 महीनन से विवादन में घिरल रेसलिंग फेडरेशन ऑफ इंडिया (WFI) के नया बॉडी के खेल मंत्रालय अतवार के सस्पेंड कs देलस। 3 दिन पहिले 21 दिसंबर के WFI के चुनाव भइल रहे। जेमे भाजपा सांसद बृजभूषण शरण सिंह के करीबी संजय सिंह नया प्रेसिडेंट बनल रहस।

बृजभूषण के करीबी के जीत के विरोध में ओलिंपिक मेडलिस्ट साक्षी मलिक कुश्ती से संन्यास के ऐलान कs देले रहली। पहलवान बजरंग पुनिया पद्मश्री लवटा देले रहली। गूंगा पहलवान पद्मश्री लवटावे के घोषणा कs देले रहस।

WFI के पिछला बॉडी में बृजभूषण के अध्यक्ष रहत संजय सिंह जॉइंट सेक्रेटरी रहस। संजय सिंह चुनाव में कॉमनवेल्थ चैंपियन अनीता सिंह श्योराण के हराके नया अध्यक्ष बनल रहस। संजय के जीत के बाद बृजभूषण के बेटा कहले रहस कि हमनी के दबदबा पहिले रहे आ आगहू रही।

नया अध्यक्ष के जीत के बाद WFI 28 दिसंबर से उत्तर प्रदेश के गोंडा में जूनियर नेशनल चैंपियनशिप टूर्नामेंट करावे के घोषणा कइले रहे। गोंडा भाजपा सांसद बृजभूषण के संसदीय क्षेत्र बा। रेसलर्स बृजभूषण पs यौन शोषण के आरोप लगवले रहे लो। खेल मंत्रालय के WFI के नया टीम पर कार्रवाई के पीछे एकरा के वजह मानल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]