[the_ad_group id="30365"]

नीट पीजी परीक्षा के परिणाम जारी, एह लिंक से करी चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NEET PG Result 2024: नेशनल बोर्ड ऑफ एग्जामिनेशन इन मेडिकल साइंसेज (NBEMS) नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट-पोस्टग्रेजुएट (NEET PG) परिणाम के घोषणा कs देले बा। मेडिकल प्रवेश परीक्षा में सामिल होखे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट- natboard.edu.in पs जाके आपन परिणाम देख आ डाउनलोड कs सकत बा लो।

एम्स के ओर से इस्तेमाल कइल जाये वाला सामान्यीकरण प्रक्रिया के बाद नीट पीजी 2024 के अंकन के सामान्यीकृत कइल गइल आ प्रतिशत अंकन में परिवर्तित कइल गइल। भ्रम आ बराबरी से बचे खातिर अंकन के गणना सात दशमलव स्थानन तक कइल गइल।

नीट पीजी परीक्षा 11 अगस्त, 2024 के आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा देसभर के 170 शहरन में 416 जगहन पs दु पालियन में आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा खातिर लगभग 2,28,540 उम्मीदवार उपस्थित भइल लो। नीट पीजी परीक्षा कंप्यूटर आधारित मोड में ऑनलाइन आयोजित कइल गइल रहे। परीक्षा के माध्यम अंग्रेजी रहे आ परीक्षा के अवधि 3 घंटा आ 30 मिनट रहे।

एह साल नीट पीजी 2024 के आंसर की जारी नइखे कइल गइल। आधिकारिक सूचना बुलेटिन में कहल गइल बा, “NBEMS आंसर के, शीट सहित परीक्षा के कवनो सामग्री के साझा करे खातिर केहूओ के अनुरोध पs विचार ना करी”।

परीक्षा कुल 800 अंकन के रहे। उम्मीदवारन के हर सही उत्तर खातिर चार अंक मिलल आ प्रत्येक गलत उत्तर खातिर 1 अंक काटल गइल

अइसे करी रिजल्ट चेक

  • सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट – nbe.edu.in. पs जाये लो।
  • एकरा बाद NEET PG टैब पs जाईं।
  • अब ‘NEET PG परिणाम 2024 लिंक’ पs क्लिक करी।
  • परिणाम पीडीएफ स्क्रीन पs लउकी।
  • ‘Ctrl+F’ के उपयोग कs के रोल नंबर खोजी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]