[the_ad_group id="30365"]

UPSC Admit Card 2024: जारी भइल NDA/CDS 2 परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र, टेस्ट 1 सितंबर के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संघ लोक सेवा आयोग (UPSC) राष्ट्रीय रक्षा अकादमी (NDA) (2) परीक्षा 2024 आ सम्मिलित रक्षा सेवा (CDS) (2) परीक्षा 2024 में सम्मिलित होखे खातिर जरूरी प्रवेश पत्र (Admit Card) जारी कs देले बा। आयोग के ओर दुनो परीक्षा खातिर प्रवेश पत्र आज माने सुक, 23 अगस्त के जारी कइल गइल। एकरा संगही UPSC एह प्रवेश पत्र (UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024) के डाउनलोड करे खातिर लिंक के अप्लीकेशन पोर्टल, upsconline.nic.in पs एक्टिव कs दिहल गइल बा।

UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024: एह स्टेप में करी डाउनलोड

अइसन में जे उम्मीदवार UPSC के NDA 2 भा CDS 2 परीक्षा खातिर आवेदन कइले बा लो, ऊ लिखित परीक्षा के चरण में सम्मिलित होखे खातिर आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड करे खातिर अप्लीकेशन पोर्टल पs विजिट करीं आ फेर प्रवेश-पत्र के सेक्शन में जाई। फेर एह सेक्शन में आपन परीक्षा के प्रवेश पत्र से संबंधित लिंक पs क्लिक करे के होई आ नया पेज पs आपन पंजीकरण संख्या आ जन्म-तिथि के विवरणन के भरके सबमिट करे के होई। एकरा बाद उम्मीदवार आपन प्रवेश पत्र स्क्रीन पs देख सकी लो, जवना के प्रिंट लेला के बाद सॉफ्ट कॉपी उम्मीदवारन के सेव कs लेवे के चाहीं।

उम्मीदवारन के चाहीं कि ऊ आपन प्रवेश पत्र (UPSC NDA CDS 2 Admit Card 2024) डाउनलोड कइला के बाद एह पs दिहल गइल आपन विवरणन (नाम, माता-पिता के नाम, जन्म-तिथि, फोटो आदि) के जांच कs लीं। जदि एमे कवनो त्रुटि होखे तs सुधार खातिर तुरंत आयोग के हेल्पलाइन पs सम्पर्क करीं।

Upsc admit card

UPSC NDA CDS 2 Exam 2024 Date: 1 सितंबर के होखे के बा परीक्षा

UPSC NDA/CDS 2 परीक्षा खातिर आयोजन के तिथि के ऐलान पहिलही कs देले रहे। आयोग के वर्ष 2024 के खातिर जारी संशोधित परीक्षा कार्यक्रम के मोताबिक दुनो लिखित परीक्षा के आयोजन एके दिन एक सितंबर के कइल जाई। एह परीक्षा में सम्मिलित होखे खातिर उम्मीदवारन के प्रवेश पत्र परीक्षा तिथि से 10 दिन पहिलही जारी कs दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]