No Mobile, No Life: छात्र मोबाइल खातिर लिखलस गजब निबंध

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2024

स्मार्टफोन के लत पs एगो बच्चा लिखले बा कि मोबाइल जीवन खातिर जरूरी बा आ एकरा बिना डिप्रेशन अउरी मौत हो सकऽता। ओकर अनोखा जवाब देख के मास्टर साहेब पूरा नंबर दे दिहले। इ जवाब

Share

स्मार्टफोन के लत पs एगो बच्चा लिखले बा कि मोबाइल जीवन खातिर जरूरी बा आ एकरा बिना डिप्रेशन अउरी मौत हो सकऽता। ओकर अनोखा जवाब देख के मास्टर साहेब पूरा नंबर दे दिहले। इ जवाब इंस्टाग्राम पs वायरल हो रहल बा, जहां लाखों लोग एकरा के देखले बाड़े, लाइक कइले बाड़े आ शेयर कइले बाड़े।

आजकल मोबाइल सबके हाथ में बा। बच्चा होखे भा बड़, स्मार्टफोन के लत सभके बा। जइसे फोन के इस्तेमाल एगो बेमारी बन गइल बा, जवना के असर सभका पर पड़ल बा। एगो लइका एह मोबाइल के लत के कागज पs नया अंदाज में डाल के एगो छोट निबंध लिखले बा। बच्चा एह फोन के जीवन खातिर जरूरी बतवले अउरी उनका मुताबिक बिना फोन के आदमी डिप्रेशन में पड़ सकता आ मौत तक हो सकऽता।

बच्चा से मोबाइल के इस्तेमाल के बारे में सवाल पूछल गइल। एकर जवाब उऽ बहुत मजेदार तरीका से देलस। अचरज के बात ई बा कि मास्टर साहबो लइका के जवाब में पूरा नंबर दे दिहले। अब लोग कह रहल बा कि शायद मास्टरो साहब के फोन के लत लागल बा।

इंस्टाग्राम पर एगो वीडियो वायरल हो रहल बा। जवना में लइका उत्तर पत्र पर लिखले बा कि,

जदी मोबाइल ना होई तऽ मूड खराब हो जाई।

मूड खराब तऽ पढ़ाई ना

पढ़ाई ना तऽ नौकरी ना

नौकरी ना तऽ पइसा ना

पैसे ना तऽ खाना ना

खाना ना तऽ इंसान दुबला-पतला आ बदसूरत

इंसान बदसूरत तऽ केहू प्यार ना करी आ नाही शादी करी।

अगर शादी ना तऽ इंसान अकेला

इंसान अकेला तऽ डिप्रेशन

डिप्रेशन के वजह से बीमारी आ अंत में ओकर मौत हो जाई।

बात के सबक – जदी मोबाइल ना तऽ कवनो जिंदगी ना।’

मोबाइल के इस्तेमाल पs एह बच्चा के जवाब के वीडियो इंस्टाग्राम पs वायरल होखता। लोग के ई वीडियो बहुत पसंद आ रहल बा। अबहीं ले एकरा के 3 करोड़ से अधिका बेर देखल गइल बा। एकरा के लाखों लोग लाइक आ शेयर कऽ के प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.