[the_ad_group id="30365"]

नायब सिंह सैनी होइहें हरियाणा के नया सीएम : खट्टर के इस्तीफा के बाद विधायक दल के बैठक में नेता चुनल गइलें, सांझ के 5 बजे शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुरुक्षेत्र से भाजपा सांसद नायब सिंह सैनी हरियाणा के नया सीएम होइहें। मंगर के मुख्यमंत्री मनोहर लाल खट्टर के इस्तीफा के बाद विधायक दल के बैठक में उनका के नेता चुनल गइल।

नायब सिंह सैनी सरकार बनावे के दावा करे राजभवन पहुंच रहल बाड़ें। सांझ 5 बजे ऊ मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें। सैनी विधायक दल के नेता चुनल गइला पs पीएम मोदी, गृह मंत्री अमित शाह आ भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के आभार व्यक्त कइलें।

सैनी मनोहर लाल के करीबी हवे। 27 अक्टूबर, 2023 के उनका के हरियाणा भाजपा के अध्यक्ष बनावल गइल रहे।

एकरा पहिले मनोहर लाल BJP आ जननायक जनता पार्टी (JJP) के गठबंधन टूटला के बाद मंगर के सबेरे 11:50 बजे राज्यपाल के आपन इस्तीफा सउप देलें रहस। एकरा बाद विधायक दल के बैठक बोलावल गइल।

JJP दिल्ली में अपना विधायकन के बैठक बोलवले बिया। ई बैठक पूर्व डिप्टी सीएम दुष्यंत चौटाला के आवास पs चल रहल बा। हालांकि पार्टी के 10 में से पांच विधायक एह बैठक में नइखे पहुंचल लो। बतावल जा रहल बा कि ई सभे BJP के संपर्क में बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]