Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में पिछिलका बेर जम के भइल ‘नोटा’ के प्रयोग, ए सीट पऽ मुश्किल से बाचल रहें JDU के इज्जत; चौंका दी ई रिपोर्ट

239

पिछला चुनाव में लोग कई गो लोकसभा क्षेत्रन में जम के नोटा दबवले रहें। उहें एगो सीट पऽ जदयू के बहुत कम मार्जिन से जीत मिलल रहें। राज्य के आठ लोकसभा क्षेत्रन में 30 से 46 हजार तक ले मतदाता लो नोटा के इस्तेमाल कइलस। पश्चिम चंपारण में 45 हजार 699 वोटर लो नोटा के बटन दबवलस। 11 लोकसभा क्षेत्रन में 15 से 28 हजार तक ले मतदाता लो नोटा बटन दबवलस।

Lok Sabha Elections पटना 2019 के लोकसभा चुनाव में प्रत्याशी भा फेर दल से सबसे ज्यादा बेरुखी गोपालगंज के मतदाता लो देखवलस। ए सीट पऽ 51 हजार 660 मतदाता ली नोटा (नन ऑफ द एवव) के बटन दबवलस। जीते आ हारे वाला प्रत्याशी के बाद सबसे बेसी बटन नोटा खातिर दबल। ई कुल वैध वोट के 5.03 प्रतिशत रहें।

आठ सीटन पऽ 30 से 46 हजार ले नोटा 

राज्य के आठ लोकसभा क्षेत्रन में 30 से 46 हजार ले मतदाता लो नोटा के इस्तेमाल कइलस। पश्चिम चंपारण में 45 हजार 699 वोटर लो नोटा के बटन दबवलस। प्रत्याशी के मिलल मत के संख्या के लिहाजा ई तीसरका नंबर रहें।

वाल्मीकिनगर लोकसभा क्षेत्रन में 41 हजार 41, जमुई में 39 हजार 450, मधेपुरा में 38 हजार 450, समस्तीपुर में 35 हजार 417, नवादा में 35 हजार 147, भागलपुर में 31 हजार 567 आ गया में 30 हजार 30 मतदाता लो नोटा के बटन दबवलस।

11 लोकसभा क्षेत्रन में 15 से 28 हजार तक ले मतदाता लो नोटा बटन दबवलस। जहानाबाद में 27 हजार 663 मतदाता लो नोटा के उपयोग कइलस। ए सीट पऽ जदयू (JDU) प्रत्याशी दू हजारो से कम अंतराल से जीतले।

औरंगाबाद में 22 हजार 607, काराकाट में 22 हजार 104, आरा में 21 हजार 825, अररिया में 20 हजार 618, कटिहार में 20 हजार 584, बेगूसराय में 20 हजार 445, किशनगंज में 19 हजार 722, सासाराम में 18 हजार 988, पूर्णिया में 18 हजार 584 आ बक्सर में 16 हजार 447 मतदाता लो नोटा के इस्तेमाल कइलस।

762390cookie-checkबिहार में पिछिलका बेर जम के भइल ‘नोटा’ के प्रयोग, ए सीट पऽ मुश्किल से बाचल रहें JDU के इज्जत; चौंका दी ई रिपोर्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.