[the_ad_group id="30365"]

Onion Prices: 100 रुपये पहुंची पियाज के दाम! तीन दिन में दोगुना भइल कीमत; जल्दी राहत मिलला के आसार नइखे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Onion Price Rise: टमाटर के बाद अब पियाज लोगन के रोवावे लागल बा। पिछला कुछ दिनन में पियाज के कीमत में भारी बढ़न्ती देखल गइल, जवन लोगन के बजट के प्रभावित करे लागल बा। पियाज बेयपारी पियाज के कीमतन में अचानक आइल तेजी खातिर आपूर्ति में कमी के जिम्मेदार ठहरा रहल बा।

दोगुना भइल कीमत

पियाज (Onion Price Rise) बेयपारियन के मोताबिक, नवरात्रि से पहिले पियाज के कीमत 25-30 रुपिया प्रति किलो रहे जवन तीन दिनन में 55-60 रुपिया प्रति किलो हो गइल बा आ अब बाजारन में 65-70 रुपिया प्रति किलो बिक रहले बा।

ग्राहक परेसान

बाजार में एगो ग्राहक बढ़त कीमतन पs चिंता व्यक्त कइलस आ कहलस कि पहिले 1 किलो पियाज 20 रुपिया में मिलत रहे। अब एकर कीमत 50-60 रुपिया प्रति किलो बा। ग्राहक कहलस कि जदि अइसने चलत रहल तs ई जरूरी खर्चन पs असर डाली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]