[the_ad_group id="30365"]

Mukesh Ambani: रिलायंस के चेयरमैन मुकेश अंबानी के तीसरा बेर मिलल धमकल, 200 करोड़ के बाद अब मंगले 400 करोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिग्गज कारोबारी आ रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी के एक बेर फेर धमकी भरल ईमेल मिलल बा। ई धमकी केहू आउर ना बलूक ओहि अज्ञात शख्स के ओर से दिहल गइल बा, जवन 27 अक्तूबर के दुगो ईमेल भेजके 200 करोड़ रुपिया के मांग कइले रहे। तीसरका ईमेल में शख्स फिरौती के रकम बढ़ाकर 400 करोड़ रुपिया कs देलस काहेकि अंबानी ओकरा पिछला दुगो ईमेल के जवाब ना देलें।

गौर करे वाला बात बा कि 26 अक्तूबर के सबसे पहिले धमकी भरल ईमेल मिलल रहे। एमे धमकी देवे वाला 20 करोड़ रुपिया के मांग कइले रहे। बाद में कीमत बढ़ाके 200 करोड़ रुपिया कs देले रहे। संगही रुपिया ना देला पs मुकेश अंबानी के गोली मारे के बात कहले रहे।

पुलिस नइखे कs सकत ट्रैक

अंबानी के आधिकारिक आईडी पs भेजल गइल तीसरका ईमेल में लिखल बा, राउर सुरक्षा केतनो अच्छा काहे ना होखे, हम एकरा बादो रउआ के मार सकत बानी। अबकी बेर ई कीमत 400 करोड़ रुपिया बा आ पुलिस हमरा के ट्रैक आ गिरफ्तार नइखे कs सकत।’

पीछिलो साल मिलल रहे धमकी

बता दीं कि ई पहिला बेर नइखे जब मुकेश अंबानी के एह तरे के धमकी मिलल होखे। एकरा पहिले, बीतल साल मुकेश अंबानी आ उनका परिवार के सदस्यन के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। तब मुंबई पुलिस कॉल कs के धमकी देवे के आरोप में बिहार के दरभंगा से एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइले रहे। आरोपी मुंबई के सर एच एन रिलायंस फाउंडेशन अस्पताल के बम से उड़ावे के धमकियो देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]