- बिहार: बिहार में काल्ह होई मंत्रिमंडल के विस्तार… 17 RJD, 13 JDU, 3 कांग्रेस आ एगो हम विधायक ले सकत बा लो शपथ। RJD के अवध बिहारी बन सकेले स्पीकर।
- बिहार: रोहतास में 3 सगा भाइयन समेत 4 के मौत, 24 घण्टा में एगो-एगो कs के गइल सभे के जान, जहरीली शराब पिये के बा आशंका।
- उत्तर प्रदेश: आजमगढ़ के SP अनुराग आर्य के DGP के गोल्ड मेडल, मुख्तार अंसारी के सल्तनत खतम कइले, 24 अपराधियन के 50 करोड़ के संपत्ति जब्त कइले।
- उत्तर प्रदेश: भाजपा, कांग्रेस, सपा-बसपा के कार्यलयन में भइल ध्वजारोहण, सभे राजनैतिक दल मनावल आजादी के 75 साल पूरा होखला के जश्न।
- झारखंड: 6 महीना में भरल जाई 37 हजार पद, झारखंड में टीचर भर्ती के लेके CM हेमंत सोरेन के ऐलान।
- दलित छात्र के पिटाई से मौत पs विधायक के इस्तीफा: कांग्रेस MLA बोलले- समाज पs अत्यचारन से दुखी; सरकार के रवैया से बाड़े निराश।
- सरकार बदलते पावर में बाहुबली आंनद मोहन: कोर्ट में पेशी के बाद परिवार से मिलले, समर्थकन संगे बैठक कइले। 6 पुलिसकर्मी सस्पेंड।
- मुकेश अंबानी के धमकावे वाला हिरासत में: सबेरे 10:45 से 12 बजे के बीच 8 फोन आइल, कहलस- 3 घण्टा में परिवार खत्म कर देब।
- PM मोदी के लालकिला पs 83 मिनट चलल भाषण: जय-जवान, जय किसान, जय विज्ञान आ जय अनुसंधान के नारा देले, भावुको भइले।
- आजादी के 75 सालन में भारत के खेलन के दुनिया में सुपरपावर बने के रहल बा लमहर यात्रा, क्रिकेट से लेके ओलंपिक के खेलन में लगातार बढ़ल भारत के दबदबा।






