Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

590
  1. बिहार: मुंगेर में कावरिया वाहन आ बस के आमने-सामने टक्कर, पहिला सोमारी के सड़क हादसा में तीन जख्मी।
  2. बिहार: गोपलागंज में महिला के पीट-पीट के हत्या, मकान के छज्जा निकाले से मना कइला पs चार लोग के कइल गइल अधमरा। गिदहां गांव के हs घटना।
  3. उत्तर प्रदेश: यूपी में राष्ट्रपति चुनाव खातिर मतदान समाप्त, अब मतगणना 21 के, 25 जुलाई के शपथ ग्रहण।
  4. उत्तर प्रदेश: कैबिनेट मीटिंग- मुख्यमंत्री योगी के अध्यक्षता में कैबिनेट मीटिंग बिहान, विधानपरिषद के दु गो सीट पs उपचुनाव 11 अगस्त के।
  5. झारखंड: झारखंड के पहिली महिला राज्यसभा सदस्य बनली महुआ माजी, कांग्रेस-झामुमो के बीचे नाम के लेके रहे विवाद।
  6. शिवसेना के नया नेता बनले शिंदे: बागी गुट पुरनका कार्यकारिणी के भंग कइलस, बाकिर उद्धव के पार्टी प्रमुख के पद से ना हटवलस।
  7. राष्ट्रपति चनाव में क्रॉस वोटिंग: ओडिशा कांग्रेस आ गुजरात एनसीपी के एक-एक एमएल द्रौपदी के संगे, शिवपाल सहित दु गो सपा विधायक बागी।
  8. मुसेवाला के हत्यारा पंजाब में बाड़े मवजूद: मर्डर के 24 दिन बाद CCTV में चोरी के बाइक पs लउकल शूटर मन्नु आ रूपा।
  9. पंजाब उपचुनाव में इमरान खान जे बड़ जीत: 20 में 16 सीट PTI जीतलस, शरीफ के परिवार के गढ़ में फेर बड़ सेंधमारी।
  10. बेन स्टोक्स के वनडे क्रिकेट से सन्यास: दक्षिन अफ्रीका के खिलाफ मंगर के खेलिहे आखिरी मैच, इंग्लैंड के विश्व चैंपियन बना चुकल बाड़े।
296250cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.